Gorakhpur News : डीडीयू में बेहतर प्लेसमेंट खातिर हर विभाग करी गाइडेंस आ ट्रेनिंग सत्र के आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2025

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (DDU) में विद्यार्थियन के उज्ज्वल भविष्य आ बेहतर प्लेसमेंट के दिशा में एगो आउर सशक्त पहल करत अब हर विभाग में नियमित रूप से गाइडेंस एंड ट्रेनिंग सत्र आयोजित

Share

DDU

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (DDU) में विद्यार्थियन के उज्ज्वल भविष्य आ बेहतर प्लेसमेंट के दिशा में एगो आउर सशक्त पहल करत अब हर विभाग में नियमित रूप से गाइडेंस एंड ट्रेनिंग सत्र आयोजित कइल जाई।

एह गाइडेंस आ ट्रेनिंग सत्रन के उद्देश्य विद्यार्थियन के रोजगार से जुड़ल नवीनतम जानकारियन, साक्षात्कार के तइयारी, बायोडाटा निर्माण, संचार कौशल, समूह चर्चा, समय प्रबंधन आ उद्योग जगत के बदलत जरूरतन के बारे में गहन आ बेवहारिक मार्गदर्शन प्रदान कइल बा। एकरा संगही, विद्यार्थियन के अलग-अलग प्रतिष्ठित कंपनियन आ संस्थानन के भर्ती प्रक्रिया से अवगत करावल जाई ताकि उ प्रतिस्पर्धी माहौल में आत्मविश्वास के संगे आगे बढ़ सके लोग।

एह अवसर पs कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन कहली कि हमनी के लक्ष्य खाली विद्यार्थियन के डिग्री प्रदान करे के नइखे, बलुक ओह लोगन के जिनगी आ करिअर में सफल बनावे खातिर जरूरी सब कौशलन से सुसज्जित करे के बा। गाइडेंस आ ट्रेनिंग सत्र विद्यार्थियन के आत्मविश्वास, पेशेवर दक्षता आ व्यक्तित्व विकास में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई। विश्वविद्यालय राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 के भावना के अनुरूप विद्यार्थियन के अकादमिक उत्कृष्टता के संगे-संगे बेवहारिक आ रोजगारोन्मुखी शिक्षा देवे खातिर प्रतिबद्ध बा। हाले में हमनी के विश्वविद्यालय में बड़ संख्या में सफल प्लेसमेंट भइल बा, जवना से ई पहल अउरियो सार्थक हो जाला।

प्रो. अजय कुमार शुक्ल, निदेशक, गाइडेंस एंड प्लेसमेंट सेल कहलें कि हमनी के विश्वविद्यालय हाल के सफल प्लेसमेंट से उत्साहित बा आ हमनी के एह ऊर्जा के आगे बढ़ावत हर विभाग में गाइडेंस एंड ट्रेनिंग सत्रन के माध्यम से छात्रन के उद्योग के जरूरत के मोताबिक तइयार करेम सs।

Read Also : रणबीर कपूर के Ramayana के मिल गइलें सुग्रीव’, अजय देवगन संगे दे चुकल बाडे़ं ब्लॉकबस्टर फिलिम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.