Asia Cup 2025 : ‘पाकिस्‍तान पs कवनो सवाल ना’, BCCI प्रेस कांफ्रेंस में कइलस बॉयकॉट

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 खातिर भारतीय टीम के एलान मंगर के भइल। मुंबई में एगो बैठक के बाद कप्‍तान सूर्यकुमार यादव आ सिलेक्‍शन कमेटी के अध्‍यक्ष अजीत अगरकर प्रेस कॉन्‍फ्रेंस खातिर आइल लोग। एह

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 खातिर भारतीय टीम के एलान मंगर के भइल। मुंबई में एगो बैठक के बाद कप्‍तान सूर्यकुमार यादव आ सिलेक्‍शन कमेटी के अध्‍यक्ष अजीत अगरकर प्रेस कॉन्‍फ्रेंस खातिर आइल लोग। एह दौरान ओह लोगन के पाकिस्तान से जुड़ल सवालन के जवाब देवे से रोक दिहल गइल। अगरकर के सवाल के जवाब देवे से पहिलही कार्यक्रम स्थल पs मवजूद भारतीय क्रिकेट बोर्ड के प्रतिनिधि रोक देले।

भारतीय क्रिकेट टीम 14 सितंबर के दुबई में पाकिस्तान से टकराई। पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बाद ई पहिला बेर होई जब दुनो देसन के क्रिकेट टीम आमने-सामने होई। भारत आ पाकिस्तान एह टूर्नामेंट में तीन बेर भिड़ सकत बा। ग्रुप स्टेज के बाद 21 सितंबर के सुपर 4 आ फाइनल में दुनो टीमन के टकरावे के संभावना बा।

पहलगाम हमला के बाद भारत आ पाकिस्‍तान के बीच तनाव जारी बा। अइसन में एगो वर्ग दुनो देसन के बीच क्रिकेट मैच के पक्ष में नइखे। केदार जाधव आ हरभजन सिंह जइसन कइयन गो पूर्व खिलाड़ी बीसीसीआई के पाकिस्तान के खिलाफ खेले से मना कइले रहे लोग। हरभजन वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स टूर्नामेंट में भारतीय टीम के हिस्सा रहस। उ पाकिस्‍तान के खिलाफ मैच ना खेलले रहस। अइसन में एह मैच के रद्द करे के पड़ल रहे।

ओहिजा, जाधव टीम से पाकिस्तान के खिलाफ अपना मैचन के बहिष्कार करे के आग्रह कइलें। जाधव एएनआई से बातचीत में कहले रहस, “हमरा नइखे लागत कि भारतीय टीम के खेले के चाहीं। हमार इहो माने के बा कि भारत ना खेली। भारत जहां पाकिस्तान के सामना करी, उ ओइसहूं जीती। ई मैच निश्चित रूप से ना होखे के चाहीं। हम पूरा विश्वास के संगे कह सकत बानी कि अइसन ना होई।”

Read Also : Rekha Gupta : दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs हमला, साप्ताहिक जन सुनवाई के दौरान शख्स मरलस थप्पड़

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.