बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड के मिल गइल नया चीफ, फारूक अहमद के मिलल जिम्मेदारी

Share

 

बांग्लादेश में आरक्षण आंदोलन के बाद प्रधानमंत्री शेख हसीना अपना पद से इस्तीफा दे दिहली। उनुका जगहा मोहम्मद यूनुस अंतरिम सरकार के मुखिया बनले. बाकिर बांग्लादेश में अबहियो तनाव के हालात बनल बा. एही कारन से आईसीसी बांग्लादेश के जगह यूएई में महिला टी-20 विश्व कप 2024 के आयोजन करे के फैसला कईलस। जबकि बांग्लादेश के पुरुष क्रिकेट टीम पाकिस्तान के दौरा पs बिया. एही बीच बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड के अध्यक्ष नजमुल हसन अपना पद से इस्तीफा दे दिहले रहले. अब उनुका जगहा क्रिकेटर रहल फारूक अहमद के बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड के नया चीफ बनावल गइल बा. ढाका में भइल एह बइठक के दौरान फारूक के अध्यक्ष चुनल गइल.

बांग्लादेश खातिर 7 गो वनडे मैच खेलले

फारूक अहमद बांग्लादेश खातिर 7 गो वनडे मैच खेल चुकल बाड़न जवना में ऊ 105 रन बनवले बाड़न. ऊ 1988 में बांग्लादेश खातिर पहिला वनडे आ 1999 में आखिरी वनडे खेलले रहले. अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में फारूक के ढेर मौका ना मिलल. एही कारन से उनकर कैरियर ढेर दिन ना चलल। उs 5 गो फर्स्ट क्लास मैच खेलले आ कुल 21 गो लिस्ट-ए मैच खेलले।

पाकिस्तान दौरा पs बांग्लादेश क्रिकेट टीम

बांग्लादेश क्रिकेट टीम अबे पाकिस्तान के खिलाफ दु टेस्ट मैच खेले खातिर पाकिस्तान गईल बिया। जहाँ 21 अगस्त के टीम आपन पहिला मैच खेली। विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप के फाइनल में चहुँपे खातिर दुनु टीम खातिर टेस्ट सीरीज बहुते जरूरी बा. बांग्लादेश टीम अबहीं ले पाकिस्तान के खिलाफ एको टेस्ट मैच नइखे जीत पवले. ई टीम पाकिस्तान के खिलाफ 13 गो टेस्ट मैच खेलले बिया जवना में से 12 गो हार गइल बा आ एक मैच बराबरी हो चुकल बा.

बांग्लादेश क्रिकेट टीम के मुख्य चयनकर्ता रहल बाड़न

फारूक अहमद बांग्लादेश के मुख्य चयनकर्ता भी रहल बाड़े। उs 2003 से 2007 ले अवुरी 2013 से 2016 ले इs जिम्मेदारी निभवले। मुख्य चयनकर्ता के रूप में दूसरा कार्यकाल के बीच में उs इस्तीफा दे देले। काहे कि ऊ 3 सदस्यीय चयन पैनल के विस्तार के स्वीकार करे के तइयार ना रहले.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-