[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान से इराक जा रहल बस ईरान में दुर्घटनाग्रस्त, 28 यात्रियन के मउत; 23 लोग भइले घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पाकिस्तान से इराक जाए वाला शिया जायरीन के लेके जात एगो बस मध्य ईरान में मंगल के देर रात दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. बुध के दिने अधिकारी बतवले कि बस में सवार नाहियो तs 28यात्रीयन के मौत हो गइल आ 23 जने घवाहिल हो गइले. ईरान के सरकारी समाचार एजेंसी ‘आईआरएनए’ स्थानीय आपातकालीन सेवा के अधिकारी मोहम्मद अली मलाकजादे के हवाला से कहलसि कि ई दुर्घटना मंगल का देर रात मध्य ईरान के यजद प्रांत में भइल. मालकजादेह के मुताविक एs दुर्घटना में 23 यात्री घायल भईल बाड़े, जवना में से 14 लोग गंभीर रूप से घायल भईल बाड़े।

बस में 51 लोग रहले

इमरजेंसी सेवा के अधिकारी मोहम्मद अली मलकजादेह बतवले कि दुर्घटना के समय बस में कुल 51 लोग सवार रहले। इराक के ओर जात रहले जायरीन अरबईन जवन सातवीं सदी के एगो शिया पैगम्बर के शहादत के 40वां दिन कईल जाला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]