लेखपालन् के उदासीनता, किसान परेशान

Anurag Ranjan

लेखपालन् के उदासीनता, किसान परेशान

 

पिपरौली (कुबेरनाथ तिवारी): प्रधानमंत्री किसान सम्मान योजना के नाया आवेदनन् के घोषणा पत्र आ हिस्साकसी के सत्यापन ला मय आवेदन कृषि विभाग में आइल बा। बाक़िर  लेखपाल लो ओह आवेदनन् के घोषणा पत्र आ  हिस्साकसी के सत्यापन ना कइला के वजे से सब अधर में लटकल बा। पिपरौली ब्लाक के सहायक विकास अधिकारी (कृषि) श्री अनुप शुक्ला ने बतवनी कि 290नाया किसानन् के प्रधानमंत्री किसान सम्मान योजना खातिर आवेदन आइल बा बाक़िर संबंधित लेखपाल लोगन के हिलाहवाली के वजे से सभे काम अधर में लटक गइल बा। संबंधित लेखपाल लो के आवेदन के घोषणा पत्र आ हिस्साकसी के सत्यापन करे के बा जवन उ नइखे करत लो। जवना वजे से किसान दर-दर भटक रहल बा लो। किसान परेशान बा लो। किसान निसार,बुद्धिसागर,कलावती,जद्दू, अच्छेलाल,बर्फी आदि किसान लो एह समस्या से निजात दियावे के मांग कइले बा लो। एह  संबंध में सहजनवां तहसीलदार श्री केशव प्रसाद बतवनी कि ठीक बा एकरा के हम देखवावत बानी।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।