जेकरा शौचालय के सुविधा नइखे, ओकरा के चिन्हित कइल जाव

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2022

पिपरौली (दीपक त्रिपाठी):  ब्लॉक के मुख्य सभागार में सहायक विकास अधिकारी (पंचायत) अरविंद कुमार सिंह के अध्यक्षता में ब्लॉक के सभे पंचायत सहायक आ गरिमा दस्ता के सदस्य लो अपना से संबंधित गांव में ओह

Share

पिपरौली (दीपक त्रिपाठी):  ब्लॉक के मुख्य सभागार में सहायक विकास अधिकारी (पंचायत) अरविंद कुमार सिंह के अध्यक्षता में ब्लॉक के सभे पंचायत सहायक आ गरिमा दस्ता के सदस्य लो अपना से संबंधित गांव में ओह लोगन के चिन्हासी करो, जेकरा लगे अभी ले शौचालय नइखे। आ उनका सरकार के योजना के लाभ नइखे मिल पाइल। आगे उहाँ के कहनी कि ई परियोजना महत्वकांक्षी परियोजना हs। जेमे करोड़ों रूपिया सरकार लगा चुकल बिया। एको गो आदमी के लगे जदि शौचालय नइखे तs ई बहुते दुख के बात होई। एहिसे सभे सदस्य एह बात के देखे कि सभका लगे शौचालय उपलब्ध बावे कि ना। एह मवका पs सचिव प्रतिमा सिंह, खंड प्रेरक अजय यादव, तनुजा शर्मा, गोविंद, रामप्रीत, यादवेंद्र, राजेश आ आउर लोग उपस्थित रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.