फरीदाबाद: गृह मंत्रियन के चिंतन शिविर में बोललें पीएम नरेंद्र मोदी- एक दूसरे से सीख अउर प्रेरणा लेवे राज्य

Share

फरीदाबाद के सूरजकुंड में चल रहल राज्यन के गृह मंत्रियन के चिंतन शिविर के अंतिम दिन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वर्चुअली जुड़ गइल बानें। उ कार्यक्रम से जुड़ल लोग के संबोधित कs रहल बानें।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहालकि गृह मंत्रियों के ई चिंतन शिविर सहकारी संघवाद के एगो उत्तम उदाहरण ह। हर एक राज्य एक दूसरे से सीखे, एक दूसरे से प्रेरणा लें, देश बेहतरी कहते काम करे, ई संविधान के भी भावना ह अउर देशवासियों के प्रति हमार दायित्व ह।

 

पीएम मोदी कहलें कि आवे वाले 25 साल देश में एक अमृत पीढ़ी के निर्माण के ह। ई अमृत पीढ़ी, पंच प्राणों के संकल्प के धारण क के निर्मित होई। विकसित भारत के निर्माण, गुलामी के हर सोच से मुक्ति, विरासत पर गर्व, एकता-एकजुटता अउर नागरिक कर्तव्य एह पंच प्राण के महत्व आप सब जानतनी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-