अमृतसर। पाकिस्तान के खुफिया एजेंसी आईएसआई द्वारा भेजल गइल करीब ढाई लाख रुपिया के जाली नोट मिलला से सुरक्षा एजेंसियन में हड़कंप मच गइल बा।
जानकारी के मोताबिक, भारत में नवंबर 2018 में भइल नोटबंदी के बाद ई पहिला मवका बा जब पाकिस्तान एह तरे से नकली करंसी भारतीय सीमा में भेजले बा। अब तक आईएसआई द्वारा हेरोइन आ हथियार के सप्लाई जादे होत रहे, बाकिर अब जाली नोट भेजल एगो नया खतरा मानल जा रहल बा।
खुफिया सूत्रन के अनुसार, पाकिस्तान भारतीय अर्थबेवस्था के कमजोर करे खातिर सीमावर्ती इलाका में बड़ पैमाना पs नकली नोट छापे के तइयारी में बा। एह जाली नोटन के असली नोट के संगे बाजार में चलावे के साजिश रचल जा रहल बा, जवन देl खातिर गंभीर चुनौती बन सकेला।
एह मामला के लेके सुरक्षा एजेंसी केंद्रीय गृह मंत्रालय के भी रिपोर्ट भेज दिहले बाड़ी। गौर करे लायक बा कि एहसे पहिले आईएसआई द्वारा आईईडी, आरडीएक्स, ग्रेनेड, रॉकेट प्रोपेल्ड ग्रेनेड (आरपीजी), पिस्तौल, कारतूस आ हेरोइन जइसन खतरनाक सामान लगातार भारतीय सीमा में भेजल जात रहल बा।
हालs में बीएसएफ बियफे के रात घरिंडा इलाका के नजदीक से ढाई लाख रुपिया के जाली करंसी बरामद कइले बा। एह घटना से सुरक्षा एजेंसी आउर सतर्क हो गइल बाड़ी सs आ जांच तेज कs दिहल गइल बा।
Read Also: No Kings Rallies : ईरान जंग मुद्दा पs अमेरिका-यूरोप में ट्रंप के खिलाफ जबरदस्त विरोध








