Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिग बी के साथ छोड़ गइल बेहद करीबी साथी, फोटो साझा कs के लिखनें- हमार एगो छोटहन दोस्त…

200
बॉलीवुड अभिनेता अमिताभ बच्चन बहुते दुखी बानें। उम्र के एह पड़ाव पर उनकर बेहद करीबी साथी उनकर साथ छोड़ हमेशा-हमेशा खातिर एह दुनिया से चल गइल। अभिनेता खुद सोशल मीडिया अकाउंट पर पोस्ट साझा कs के एह बात के जानकारी दिहले बानें। अभिनेता बतवलें कि उनके पालतू कुत्ता के निधन हो गइल बा। एतनही नाइ, अभिनेता अपने कुत्ता के साथ आपन एगो तस्वीर साझा करत एगो इमोशनल पोस्ट भी लिखले बानें।
अभिनेता द्वारा साझा कइल गइल तस्वीर में बिग बी अपने छोटहन  साथी के गोद में पकड़ले दुलार करत नजर आ रहल बानें। अमिताभ इंस्टाग्राम पर यह तस्वीर शेयर करत लिखनें, “हमनींके एगो छोट दोस्त; काम के समय, ई बड़हन होने अउर एक दिन छोड़ के चल जाने सब।” बिग बी एह भावुक कैप्शन के साथ रोअत इमोटिकॉन भी बनवले बानें।
381620cookie-checkबिग बी के साथ छोड़ गइल बेहद करीबी साथी, फोटो साझा कs के लिखनें- हमार एगो छोटहन दोस्त…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.