गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में परीक्षा प्रणाली के आउर मजबूत, पारदर्शी आ समय पs पूरा करे खातिर एगो बड़ डेग उठावल गइल बा। विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक परीक्षा मूल्यांकन भवन के निर्माण पूरा हो गइल बा। अब भवन में एसी आ जनरेटर लगावे के काम चल रहल बा, जवना के पूरा होते जल्दिये संचालन सुरू कs दिहल जाई।
ई नया भवन विश्वविद्यालय परिसर में प्राचीन इतिहास विभाग के पीछे करीब 13,000 वर्गफीट में बनावल गइल बा। ई दू मंजिला भवन करीब 8.5 करोड़ रुपिया के लागत से तइयार भइल बा। एह परियोजना के शिलान्यास राज्यपाल आनंदीबेन पटेल कइले रहली। निर्माण में 75 प्रतिशत खरचा राज्य सरकार आ 25 प्रतिशत विश्वविद्यालय उठवले बा।
कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि भवन में चार गो बड़-बड़ हॉल बनावल गइल बा, जहां एके संगे कइयन गो परीक्षक बइठ के कॉपी जांच सकी लोग। एकरा से मूल्यांकन के काम तेज आ बेवस्थित तरीका से हो सकी।
उनकर कहनाम बा कि 24 मार्च 2026 के विकास समिति के बैठक में एसी लगावे, बिजली बैकअप खातिर जेनसेट आ सुरक्षा खातिर सीसीटीवी कैमरा लगावे के मंजूरी दे दिहल गइल बा।
पहिले सीमित जगह आ संसाधन के चलते परीक्षक लोग के बहुत जादे दिक्कत होत रहे, खासकर जब साल में दू बेर सेमेस्टर परीक्षा के कॉपी जांच होला। अब ई नया भवन एह समस्या के स्थायी समाधान बन जाई।
Read Also: गोरखपुर विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक मूल्यांकन भवन तइयार, जल्दिये होई पूर्ण संचालन








