स्पोर्ट्स डेस्क। अंडर-19 विश्व कप 2026 अब खत्म हो चुकल बा आ अतवार के आईसीसी टूर्नामेंट के सर्वश्रेष्ठ टीम के ऐलान कs देलस। एह टीम में भारत के स्टार बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी के जगह मिलल बा, जे फाइनल में इंग्लैंड के खिलाफ धमाकेदार पारी खेलले रहस। उनका अलावा भारत के दुगो आउर खिलाड़ी कनिष्क चौहान आ हेनिल पटेल के 12 सदस्यीय सर्वश्रेष्ठ टीम में सामिल कइल गइल बा। हालांकि भारतीय टीम के कप्तान आयुष म्हात्रे के एह टीम में जगह ना मिल पाई।
भारत के छठा खिताबी जीत
भारत, इंग्लैंड के हराके रिकॉर्ड छठा बेर अंडर-19 विश्व कप के खिताब जीत लेलस। फाइनल मुकाबला में 14 साल के वैभव सूर्यवंशी 80 गेना में 175 रन के तूफानी पारी खेल के सबके ध्यान खींच लेलें। एह सानदार प्रदर्शन के बाद सूर्यवंशी के टूर्नामेंट के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी चुनल गइल। कनिष्क चौहान बल्ला आ गेना दुनो से लगातार बढ़िया प्रदर्शन कइले रहलें, जबकि हेनिल पटेल गेंदबाजी में कमाल कइले रहलें। हेनिल के अमेरिका के खिलाफ 16 रन देके 5 विकेट के स्पैल बहुते चरचा में रहल।
इंग्लैंड, अफगानिस्तान आ आउर देसन के खिलाड़ी सामिल
उपविजेता इंग्लैंड के तीन खिलाड़ी सर्वश्रेष्ठ टीम में जगह बनवले बा लोग। थॉमस रेव के कप्तान आ विकेटकीपर बनावल गइल बा। रेव टूर्नामेंट में 66 के औसत से 330 रन बनवले रहलें, जेमें ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सेमीफाइनल में खेलल मैच जिताऊ शतक सामिल बा। इंग्लैंड के मैनी लुम्सडेन 16 विकेट लेके टूर्नामेंट के सबसे सफल गेंदबाज रहलें। बेन मायेस 444 रन बना के टूर्नामेंट के टॉप स्कोरर बनलें।
श्रीलंका के विरान चामुदिथा, अफगानिस्तान के फैजल खान शिनोजादा आ नूरीस्तानी उमरजई, ऑस्ट्रेलिया के ओलिवर पीक, पाकिस्तान के अली रजा आ वेस्टइंडीज के विटेल लावेस के टीम में जगह मिलल बा। चयन पैनल में इयान बिशप, लीडिया ग्रीनवे, एंडी फ्लावर आ टेलफोर्ड वाइस सामिल रहे लोग।
आईसीसी अंडर-19 विश्व कप के सर्वश्रेष्ठ टीम
वैभव सूर्यवंशी (भारत), विरान चामुदिथा (श्रीलंका), फैजल खान शिनोजादा (अफगानिस्तान), थॉमस रेव (कप्तान/विकेटकीपर, इंग्लैंड), ओलिवर पीक (ऑस्ट्रेलिया), बेन मायेस (इंग्लैंड), कनिष्क चौहान (भारत), नूरीस्तानी उमरजई (अफगानिस्तान), विटेल लावेस (वेस्टइंडीज), अली रजा (पाकिस्तान), मैनी लुम्सडेन (इंग्लैंड), हेनिल पटेल (भारत)।
Read Also: Bihar News : मुजफ्फरपुर में AQI 400 के पार, सांस लेवे में दिक्कत, प्रदूषण तुड़लस सारा रिकॉर्ड







