नेशनल डेस्क : कर्मचारी भविष्य निधि संगठन (ईपीएफओ) से मार्च 2025 में 14.58 लाख नया सदस्य जुड़ल लोग। ई आंकड़ा पिछला साल के तुलना में 1.15 प्रतिशत जादे बा। ईपीएफओ से अकेले मार्च में लगभग 7.54 लाख सदस्य पहिला बेर पंजीकृत भइल लोग। जवन फरवरी के तुलना में 2.03 प्रतिशत जादे बा। ओहिजा मार्च 2024 के तुलना में 0.98 प्रतिशत के वार्षिक बढन्ती दर्ज कइल गइल।
श्रम आ रोजगार मंत्रालय बुध के कहलस कि ईपीएफओ में साल दर साल सदस्यन के नामांकन में बढ़न्ती हो रहल बा। ई रोजगार के अवसरन में बढ़न्ती आ कर्मचारी लाभन के बारे में बढ़त जागरूकता के दरसावत बा कि ईपीएफओ के प्रभावी पहुंच पहिले से बढ़ल बा।
18 से 25 साल के नवहन के दबदबा
डेटा बतावत बा कि 18 से 25 साल के उमिर के लोगन के दबदबा सबसे जादे बा। एह उमिर वर्ग में 4.45 लाख नया सदस्य जोड़ल गइल, जवन मार्च 2025 में जोड़ल गइल कुल नया सदस्यन के 58.94 प्रतिशत बा। मार्च 2025 में एह उमिर वर्ग में नया सदस्यन के संख्या में फरवरी 2025 के तुलना में 4.21 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल । ओहिजा, मार्च 2024 के तुलना में 4.73 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल।
एकरा अलावा, मार्च 2025 में 18-25 उमिर वर्ग के नेट पेयरोल में लगभग 6.68 लाख के बढ़न्ती भइल, जवन मार्च 2024 के तुलना में 6.49 प्रतिशत जादे बा। मंत्रालय कहलस, “ई पहिले के रुझान के अनुसार बा, जवन दरसावत बा कि संगठित कार्यबल में सामिल होखे वाला अधिकतर नवहा बा, जवन मुख्य रूप से पहिला बेर नौकरी में उतरल बा।
13.23 लाख सदस्य वापस जुड़लें
मार्च 2025 में लगभग 13.23 लाख सदस्य, जे पहिले निकल चुकल रहे, वापस ईपीएफओ में सामिल भइल। ई आंकड़ा फरवरी 2025 के तुलना में 0.39 प्रतिशत जादे बा। ओहिजा, मार्च 2024 के तुलना में 12.17 प्रतिशत के वार्षिक बढ़न्ती भइल बा।
महिला सदस्यन के संख्या में भइल बढ़न्ती
एह साल मार्च में लगभग 2.08 लाख नया महिला सदस्य सामिल भइल बा, जवन फरवरी के तुलना में 0.18 प्रतिशत जादे बा। ई मार्च 2024 के तुलना में 4.18 प्रतिशत के वार्षिक बढ़न्ती के दरसावत बा। एकरा अलावे, मार्च 2025 में महिला लोगन के नेट पेयरोल में लगभग 2.92 लाख के बढ़न्ती भइल, जवन पिछला साल से 0.78 प्रतिशत जादे बा। मंत्रालय कहलस कि, महिला सदस्यन के बढ़त भागीदारी एगो जादे समावेशी आ विविध कार्यबल के ओर बढ़े के संकेत बा।
महाराष्ट्र सबसे जादे पेरोल के संगे पहिला स्थान पs
शीर्ष पांच राज्य/शासित प्रदेश में मार्च 2025 में लगभग 8.70 लाख नेट पेयरोल जोड़ल गइल, जवन कुल नेट पेरोल के 59.67 प्रतिशत बा। एमे महाराष्ट्र 20.24 प्रतिशत नेट पेयरोल जोड़के शीर्ष स्थान हासिल कइलें।