पीयू में एडमिशन लेवे खातिर आज आखिरी मवका: बचल सीटन पs हो रहल बा नामांकन, 14 जुलाई से सुरू हो जाई क्लासेस

Share

पटना विश्वविद्यालय में साल 2023 के स्नातक स्तर के पाठ्यक्रमन में नामांकन लेवे के सुक के आखिरी मवका बा। ओइसन आवेदक जेकर नामांकन कवनो कारणवश नइखे हो सकल, ऊ आज माने की 7 जुलाई तक विश्वविद्यालय के पोर्टल पs नामांकन कs सकत बानी। संगही नया लईकन खातिर आवेदन भरे खातिर पोर्टल आज भर खुला रही। जवना छात्रन के नामांकन नइखे भइल बा ऊ आज चॉइस फीलिंग कs सकत बा। छात्र पटना विश्वविद्यालय के आधिकारिक वेबसाइट puonline.co.in पs जाके एडमिशन से संबंधित सब जानकारी प्राप्त कs सकत बा।

9 जुलाई तक जारी होई मेरिट लिस्ट

मेरिट लिस्ट 9 जुलाई 2023 के पटना विश्वविद्यालय के वेबसाइट पs जारी कइल जाई। ओह मेरिट लिस्ट के मोताबिक छात्रन के 11 आ 12 जुलाई के अलॉटेड कॉलेज में सबेरे 10.30 से सांझ 4..30 बजे तक एडमिशन लेवे के होई। एह मेरिट लिस्ट के मोताबिक नामांकन होला के बाद जदि सीट खाली रह जाई तs फेर कॉलेज के प्राचार्य के खाली बचल सीटन के ब्यौरा दिहल जाई आ ओह लोगन स्पॉट राउंड एडमिशन लेवे खातिर अधिकृत कइल जाई।

14 जुलाई से सुरू होई क्लासेस

एकरा संगही 13 जुलाई 2023 के सब महाविद्यालयन में स्नातक के पहिला सेमेस्टर के छात्रन खातिर इंडक्शन प्रोग्राम होई आ 14 जुलाई से वर्ग संचालित कइल जाई।

कइसे करीं आवेदन-

  • पीयू के आधिकारिक वेबसाइट puonline.co.in पs जाई।
  • इहां अप्लाई ऑनलाइन पs क्लिक करीं।
  • खुद के रजिस्टर करीं।
  • इहां सब जानकारी भरे के बाद फॉर्म फिल करीं।

तीन मेरिट लिस्ट जारी होखला के बादो बचल बा 1100 सीट

नामांकन खातिर प्रसारित तीन गो मेरिट लिस्ट के माध्यम से लगभग 3400 छात्र-छात्रा लोगन के नामांकन पूरा कइल गइल। रहे। जवना के बाद लगभग 1100 सीट खाली रह गइल रहे। एह पs बचल सीटन पs नामांकन खातिर पटना विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. गिरीश कुमार चौधरी एडमिशन कमेटी के बैठक बोलवल रहस। ओह बैठक में तय कइल गइल कि खाली बचल सीटन पs नामांकन खातिर ओइसन आवेदक भर सकत बा लो जवन कवनो कारणवश चॉइस फीलिंग ना कs के पवले रहे भा अपना आवेदन में कास्ट कैटेगोरी भा इंटरमीडिएट/+2 के मार्क्स परसेंटेज गलत भर देला के कारण नामांकन ना ले पाइल। ओइसन आवेदक अपना आवेदन में सुधार कs के खाली बचल सीट (category, subject and college) खातिर फेर से चॉइस फील कs सकत बानी। संगही ऊ बच्चा जे नामांकन खातिर आवेदन ना दे पवले रहे, ओकरो खातिर खाली बचल सीटन खातिर नामांकन के मवका दिहल गइल बा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-