एयर इंडिया एक्सप्रेस के विमान के इंजन में आग लागल, बेंगलुरु हवाई अड्डा पs सुरक्षित उतरल

Share

बेंगलुरु से कोच्ची जाए वाला एयर इंडिया एक्सप्रेस विमान के इंजन में अचानक आग लाग गइल। एकरा बाद एकर इमरजेंसी लैंडिंग बेंगलुरु हवाई अड्डा पs भइल।

शनिचर के रात एयर इंडिया एक्सप्रेस के एगो विमान के उड़ान भरला के तुरंते बाद एगो इंजन में आग लगला के बाद बेंगलुरु हवाई अड्डा पs आपातकालीन लैंडिंग करे के पड़ल । एकरा बाद सब यात्री के सुरक्षित विमान से उतार दिहल गइल। ई विमान बेंगलुरु से कोच्ची जात रहे। सूत्र बतवले कि उड़ान भरला के तुरंत बाद चालक दल के सदस्य एटीसी के इंजन में आग लागे के बारे में जानकारी देले।

एयर इंडिया एक्सप्रेस के प्रवक्ता कहले कि, “जसहीं बेंगलुरु-कोच्ची के उड़ान उड़ान भरलस, इंजन से आग के लपट निकलत देखाई देलस। एकरा बाद विमान के वापस उतरे के फैसला भइल आ शनिवार के विमान सुरक्षित रूप से बेंगलुरु हवाई अड्डा पs उतर गइल।” रात में ग्राउंड सर्विसेज भी आग के बारे में जानकारी देले रहे आ विमान के खाली क देले रहे।

उ बतवले कि सब यात्री के सुरक्षित विमान से उतारल गइल आ केहु  घायल नइखे भइल। एयरलाइंस यात्रियन खातिर वैकल्पिक विमान के इंतजाम कर रहल बाड़ी सs। प्रवक्ता बतवले कि घटना के पूरा जांच नियामक के सहयोग से कइल जाई।

(एह खबर के खबर भोजपुरी टीम संपादित नइखी कइले । ई सिंडीकेट फीड से सीधे प्रकाशित कइल गइल बा।)

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-