जम्मू-कश्मीर के पुंछ में सुरक्षाबल आ आतंकियन बीच मुठभेड़, रात से चल रहल बा सर्च ऑपरेशन, 1 गो जवान घायल

Share

जम्मू कश्मीर के पुंछ जिला के एगो गाँव में आतंकियन आ सुरक्षा बल के बीच मुठभेड़ भइल. सेना के अधिकारी मंगलवार के इs जानकारी देले। सेना के अधिकारी बतवले कि सोमार के रात सुरनकोट के लसाना गांव में गोलीबारी भईल। सुरक्षा बल के टीम आतंकी के मौजूदगी के जानकारी मिलला के बाद इलाका में तलाशी अभियान शुरू क देलस। 

इलाका में चल रहल सेना के तलाशी अभियान

एs घटना के बारे में अवुरी जानकारी देत सेना के जम्मू के व्हाइट नाइट कोर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखले कि, ‘सोमार के रात सुरंकोट के लसाना में पुलिस के संगे संयुक्त अभियान के दौरान आतंकी के खिलाफ कार्रवाई भईल।’ एह संयुक्त अभियान में अतिरिक्त सैनिकन के भी शामिल कइल गइल। इलाका से आतंकियन के भागे से रोके खातिर तलाशी अभियान शुरू कर दिहल गइल.

मुठभेड़ के दौरान एक जवान घायल 

एकरा संगे सेना के अधिकारी बतवले कि गोलीबारी में सेना के एक जवान घाही हो गईल। घायल जवान के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. जहाँ उनकर इलाज चल रहल बा।

जम्मू कश्मीर में ऑपरेशन आलआउट चलावल जा रहल बा

जम्मू-कश्मीर में ऑपरेशन ऑल आउट भारतीय सेना, जम्मू-कश्मीर पुलिस अवुरी केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) के ओर से चलावल जाए वाला एगो बड़ आतंकवाद विरोधी अभियान हs। एकर मकसद एह इलाका में सक्रिय आतंकी संगठनन जइसे कि लश्कर-ए-तैयबा, जैश-ए-मोहम्मद आ हिजबुल मुजाहिदीन के खतम कइल आ शांति स्थापित कइल बा. एकरा के भारतीय सेना, जम्मू-कश्मीर पुलिस अवुरी केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) जईसन सुरक्षा बल के संयुक्त प्रयास के रूप में कईल जाता। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-