[the_ad_group id="30365"]

हजारीबाग: महायज्ञ के बाद शोभायात्रा पs पथराव, कईगो महिला घायल

महायज्ञ के बाद शोभायात्रा पs पथराव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के हजारीबाग में दु समुदाय के बीच हिंसक झड़प भईल। इहाँ शोभा यात्रा के शहरी भ्रमण के दौरान पत्थरबाजी भईल। तरबेचवा मस्जिद के लगे जब जुलूस गुजरत रहे तs कुछ लोग पत्थरबाजी कईले, जवना में कई महिला घाही हो गईली। पथराव से नाराज लोग जीटी रोड के जाम कs देले। एकरा बाद तनाव के ध्यान में राखत पूरा इलाका में भारी बल के तैनाती कईल गईल बा। एकरा बाद स्थिति सामान्य हो गईल बा। 

हजारीबाग में महायज्ञ के आयोजन होत रहे आ एह महायज्ञ खातिर अतवार के जुलूस निकालल जात रहे। जुलूस जब तरबेचवा मस्जिद के लगे पहुंचल त दोसरा समुदाय से पत्थरबाजी भईल। अचानक भईल ए हमला में बहुत महिला घाही हो गईली। एह दौरान दंगाई आसपास के इलाका में आगजनी भी कईले। एs घटना से नाराज लोग जीटी रोड के जाम कs के तुरंत कार्रवाई के मांग कईले। एकरा बाद स्थिति पs काबू पावे खातीर पूरा इलाका में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल अवुरी पुलिस के समझवला के बाद जाम खतम कd दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]