Elvish Yadav : एल्विश यादव के घर पs फायरिंग करे वाला आरोपी मुठभेड़ के बाद धराइल, गोड़ में लागल गोली

Share

सेंट्रल डेस्क। गुरुग्राम में यूट्यूबर एल्विश यादव के घर पs फायरिंग ममिला में एगो आरोपी के फरीदाबाद अपराध शाखा मुठभेड़ के बाद बीपीटीपी थाना इलाका से काबू में कइलस। आरोपी के गाेड़ में गोली लागल बा। दूसरका आरोपी के तलाश में टीम लागल बिया। पुलिस बतवलस कि आरोपी इशांत गांधी के फरीदाबाद पुलिस के अपराध शाखा सेक्टर-30 के टीम मुठभेड़ के बाद काबू कइलस। 22 अगस्त के सबेरे 4:00/4:30 के बीच में ग्रेटर फरीदाबाद क्षेत्र के लगे गांव फरीदपुर से तिगांव रोड पs मुठभेड़ भइल।

ई रहे ममिला

गुरुग्राम के गांव वजीराबाद में एल्विश यादव के घर पs बाइक सवार अज्ञात हमलवार करीब 24 राउंड फायर कइले रहे लोग। फायरिंग होखतही एल्विश यादव के घरे केयरटेकर के काम करे वाला शख्स घबराके अंदर भाग गइल रहे। संगही जानकारी एल्विश यादव के पिता मास्टर राम अवतार के देले रहस।

मास्टर राम अवतार बतवले रहस कि हमलावर ताबड़तोड़ गोली चलाके भाग गइल रहलें से। फायरिंग के समय एल्विश यादव घर पs ना रहस। तीन हमलवार बाइक पs आइल रहलें सs, एगो हमलावर बाइक से तनिका दूर पहिलही उतर गइल रहे। दुगो लईका ताबड़तोड़ गोली चलवले रहस। एल्विश के पिता पुलिस के सूचना देले रहस। सूचना मिलतही पुलिस जांच में जुट गइल रहे। बता दीं कि बिग बॉस में गइला के बाद एल्विश यादव के अलग पहचान रहे। उनकर विवादन से पुरान नाता हs।

घर पs लागल CCTV में कैद भइले बदमाश

एल्विश यादव के घर के देवाल पs गोलियन के निशान बा। बदमाश घर पs लागल CCTV में कैद हो गइल रहलें सs। पुलिस सीसीटीवी कैमरन के डीवीआर लेके गइल रहे। एल्विश यादव के घर पs पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल रहे।

Read Also : पंजाब के मशहूर एक्टर Jaswinder Bhallaके निधन, पंजाबी फिलिमन के रहलें बड़ नाम; काल्ह होई अंतिम संस्कार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-