पंजाब के मशहूर एक्टर Jaswinder Bhallaके निधन, पंजाबी फिलिमन के रहलें बड़ नाम; काल्ह होई अंतिम संस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2025

मनोरंजन डेस्क। पंजाब के मशहूर कॉमेडियन डॉ. जसविंदर भल्ला के लमहर बेमारी के चलते सुक के निधन हो गइल। उनकर अंतिम संस्कार 23 अगस्त के मोहाली में होई। बता दी कि जसविंदर भल्ला कइयन गो

Share

मनोरंजन डेस्क। पंजाब के मशहूर कॉमेडियन डॉ. जसविंदर भल्ला के लमहर बेमारी के चलते सुक के निधन हो गइल। उनकर अंतिम संस्कार 23 अगस्त के मोहाली में होई। बता दी कि जसविंदर भल्ला कइयन गो पंजाबी फिलिमन में काम कs चुकल रहलें। फिलिमन में उनकर रोल हास्य कलाकार के रूप में होत रहे।

जानकारी के अनुसार, 65 बरिस के जसविंदर भल्ला लमहर समय से बेमार चलत रहस। आज सबेरे मोहाली के फोर्टिस अस्पताल में उनकर देहांत भइल। भल्ला पंजाबी फिलिम जगत में हास्य किरदार के भूमिका अदा करत रहस। उनकर अदाकारी देखके दर्शक हंस-हंसके लोटपोट हो जात रहे लोग। अइसन में उनका देहांत के खबर फैंस के रुला देले बा।

लोकप्रिय हास्य अभिनेता आ चरित्र अभिनेता, भल्ला पंजाबी फिलिमन जइसन ‘कैरी ऑन जट्टा’, ‘माहौल ठीक है’, ‘जट्ट एयरवेज’ आ ‘जट्ट एंड जूलियट 2’ आदि में अपना भूमिका खातिर जानल जात रहस।

Read Also : Share Market : लाल निशान पs खुलल घरेलू शेयर बाजार; सेंसेक्स आ निफ्टी में गिरावट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.