Elvish Yadav: हमसे गलती हो गइल …सांपन के जहर से जुड़ल मामिला के बीच एल्विश के कबूलनामा

Minee Upadhyay

 

नोएडा पुलिस जेल में बंद पांच आरोपी के रिमांड खातीर संबंधित अदालत में आवेदन कईलस।जवना पs बुधवार के भी अंतिम फैसला ना आईल। पुलिस ए मामिला से जुड़ल ठोस सबूत रिमांड खातीर कोर्ट में पेश कईले बिया। एकरा संगे पुलिस ए मामिला में मिलल महत्वपूर्ण सबूत लाल डायरी के भी इस्तेमाल कs सकता अवुरी ओकरा के कोर्ट में पेश कs सकता। एही बीच बियफ़ें के मुख्य आरोपी राहुल के 24 घंटा के रिमांड नोएडा पुलिस के दिहल गईल बा।

ताकि जल्द से जल्द दोसरा आरोपियन के रिमांड मिल सके आ एह मामिला में अउरी कई गो बड़हन खुलासा हो सके। एकरा संगे यूट्यूबर एल्विश यादव मामिला के जांच अब डायरी के आधार पs आगे बढ़ता।पुलिस ए मामिला में डायरी के महत्वपूर्ण सबूत के रूप में इस्तेमाल करे के तैयारी में बिया।

पहिला चरण में 54 घंटा के रिमांड के दौरान ए मामिला से जुड़ल बहुत रास रहस्य रहे, जवन कि अबे ले पुलिस खातीर मील के पत्थर साबित होखता। पुलिस डायरी में मिलल मोबाइल नंबर आ मध्यस्थ के इलेक्ट्रॉनिक डाटा बेस तइयार करत बिया। एहमें सोशल मीडिया नेटवर्किंग साइट से भी डाटा लिहल जा रहल बा।

संगही, पुलिस अब ए मामिला में वन्यजीव के प्रति क्रूरता कानून के धारा बढ़ावे वाली बिया।ए मामिला में एक बेर फेरु पुलिस आपन इलेक्ट्रॉनिक निगरानी सेल सक्रिय कsदेले बिया। लोग पs लगातार नजर राखल जा रहल बा।

पुलिस अधिकारी के ओर से दावा कईल जाता कि जयपुर गईल टीम के भी उहाँ से बहुत सबूत मिलल बा। नोएडा के डूब क्षेत्र में बनल फार्म हाउस में रेव पार्टी होखत रहे। एह बात के खुलासा एहसे पहिले कई बेर हो चुकल बा। इहाँ तक कि कैसीनो तक इहाँ पकड़ल गईल बा। इहाँ आयोजित पुरान पार्टी के आंकड़ा भी निकालल जाता।

रोस्टिंग खातिर माफी मंगले

बुध के दिने सोशल मीडिया समेत कई जगहा दावा कइल गइल कि एल्विश साँप मामिला के बारे में आपन गलती कबूल कs लिहले बाड़न आ माफी मँगले बाड़न लेकिन जब वीडियो देखल जाला तs देखाई देता कि उ रोस्टिंग खातीर माफी मंगले बाड़े। ऊ ई सब बिग बॉस-17 के प्रतियोगी अनुराग डोभाल के समर्थन करत घरी कहले बाड़न।

असल में एल्विश यादव 2020 में आपन यूट्यूब चैनल पs रोस्ट वीडियो अपलोड करत रहले। एह दौरान उ बहुत विवाद में भी शामिल रहल बाड़े। जब उ जनता से गोहार लगवले कि अनुराग डोभाल के साथ देत घरी ओकर मजाक मत उड़ाईं तs लोग उनुका के घेर लिहले अवुरी पूछले कि पहिले आप भी रोस्टिंग के माध्यम से लोग के मजाक उड़ावत रहनी।

एही क्रम में एल्विश यादव आपन प्रशंसकन से माफी मँगलन आ कहलन कि हम ओह घरी कम उमिर के रहनी एहसे ओह घरी गलती भइल रहे जवना के हम अब सुधारले बानी।

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।