नोएडा में युवती समेत 4 लोग लगइले फांसी, डिप्रेशन आ अकेलापन बन रहल बा बड़ वजह!

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2023

  नोएडा के जिनगी के समस्या से कुंठित एगो लईकी समेत चार लोग फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले। पुलिस के कवनो सुसाइड नोट नइखे मिलल, जवना के चलते आत्महत्या के कारण के पता नईखे

Share

 

नोएडा के जिनगी के समस्या से कुंठित एगो लईकी समेत चार लोग फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले। पुलिस के कवनो सुसाइड नोट नइखे मिलल, जवना के चलते आत्महत्या के कारण के पता नईखे चलल। मूल रूप से ओडिशा के रहे वाली अमृता अपना तीनों बहिन के संगे बरौला गांव में किराया पs रहत रहली। अमृता पहिले एगो प्राइवेट कंपनी में काम करत रहली। अतवर के सांझ के जब उनुकर बहिन घर पहुंचली तs उनुका के फांसी पs लटकल मिलली। घटना के जानकारी मिलला के बाद थाना सेक्टर-49 मउका पs पहुंच के लाश के पंचनामा भर के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। मउका से कवनो सुसाइड नोट बरामद नईखे भईल। प्रारंभिक जांच में पाता चलल बा कि अमृता पिछला कुछ दिन से डिप्रेशन में रहली।

• दूसरा मामिला में थाना फेज-1 क्षेत्र के जेजे कॉलोनी सेक्टर 10 निवासी प्रवेश अपना घर में फांसी लगा देले। प्रवेश के फांसी देख के परिवार के लोग ओकरा के नीचे ले आके अस्पताल ले गईले। जांच के बाद डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले।

• तीसरा मामिला में ग्रेटर नोएडा के बीटा-2 थाना क्षेत्र के जेपी सोसाइटी में रहेवाला धर्मेंद्र फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले। धर्मेन्द्र मूल रूप से ललितपुर के निवासी रहले। उ एगो कैटरर में काम करत रहले। दुर्घटना के बारे में मरेवाला के परिजन के जानकारी दिहल गईल बा।

• चउथा मामिला में थाना सेक्टर-58 क्षेत्र के फोर्टिस अस्पताल में ले आवल गईल योगेश चौरसिया के डॉक्टर मृत घोषित कs देले। थाना प्रभारी के मुताबिक योगेश चौरसिया अपना घर में फांसी लगा देले रहले। योगेश चौरसिया आम्रपाली रॉयल वैभव सोसाइटी में रहत रहले। पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि, अधिकांश मामिला डिप्रेशन अवुरी मानसिक रूप से परेशान लोग के ओर से बतावल जाता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.