एलन मस्क के एलान, 15 अप्रैल से, ट्विटर पे इ सुविधा सिर्फ वेरिफाइड अकाउंट्स के मिली

Share

एलन मस्क के एलान, 15 अप्रैल से, ट्विटर पे इ सुविधा सिर्फ वेरिफाइड अकाउंट्स के मिली

एलन मस्क सोमार के दिने कहलन कि 15 अप्रैल से ‘For You Recommendations’ फीचर के फायदा खाली वेरिफाइड अकाउंट्स ले सकीहें|

ट्विटर के मालिक एलन मस्क एगो अउरी बड़हन एलान कइले बाड़न| एलन मस्क सोमार के दिने कहलन कि 15 अप्रैल से ‘फॉर यू रिकमेंडेशन’ फीचर के फायदा खाली वेरिफाइड अकाउंट्स ले सकीहें| एकरा अलावे ट्विटर पोल में सिर्फ उहे यूजर वोट दे पईहे, जिनकरी अकाउंट्स के वेरिफाइड हो गईल बा।

 

एलान मस्क ट्वीट कईले कि, “15 अप्रैल से सिर्फ वेरिफाइड खाता उपयोगकर्ता फॉर यू रिकमेंडेशन के पात्र होईहे। लगातार बढ़त एआई बॉट तूफान के रोके के इहे एकमात्र तरीका बा। जदी अयीसन ना कईल गईल त इ एगो निराशाजनक अउरी … हार गइल लड़ाई| ट्वीटर पे पोल खातिर वेरिफाइड अकाउंट्स होखल जरूरी बा |

एलन मस्क बहुत बड़ बदलाव कईले

महत्व के बात बा कि एलन मस्क ट्विटर खरीदला के बाद से बहुत बड़ बदलाव कईले बाड़े। ब्लू टिक खातिर पेड सर्विस शुरू कइले बान | ब्लू टिक के अलावा अउरी कई रंग में सत्यापन बैज उपलब्ध बा। कई देस में लोग भी पईसा देके ब्लू टिक के सब्सक्राइब कईले बाड़े अउरी अब अयीसन करेवाला लोग के संख्या करोड़ों में पहुंच गईल बा। हालांकि एलन मस्क एलान कइले बाड़न कि जे लोग पइसा नइखे दिहले आ ओकरा लगे सत्यापन हैंडल बा, ओह लोग के ब्लू टिक एक अप्रैल से हटा दिहल जाई| अयीसना में करोड़ों ट्विटर यूजर के झटका लागे वाला बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-