स्वच्छ वातावरण खातिर पेड़ जरूरी– प्राचार्य नेहा सिंह

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2023

बाबू बैजनाथ सिंह महाविद्यालय देवढ़ी अंडिला देवरिया के राष्ट्रीय सेवा योजना के तत्वाधान में सात दिन के विशेष शिविर के चउथा दिन के पहिला में स्वयं सेवक आ स्वयं सेविका लोगन द्वारा स्वैच्छिक श्रमदान कइल

Share

बाबू बैजनाथ सिंह महाविद्यालय देवढ़ी अंडिला देवरिया के राष्ट्रीय सेवा योजना के तत्वाधान में सात दिन के विशेष शिविर के चउथा दिन के पहिला में स्वयं सेवक आ स्वयं सेविका लोगन द्वारा स्वैच्छिक श्रमदान कइल गइल।

एह दौरान ऊ महाविद्यालय परिसर के साफ सफाई आ पौधारोपण कइल लो आ दुसरा चरण में बौद्धिक कार्यक्रम के अंतर्गत पर्यावरण संरक्षण आउर स्वच्छता पs परिचर्चा के आयोजन भइल। एह दौरान सौम्या पाण्डेय, सपना सिंह, निशा सिंह, प्रिंसी, अमृता, काजल, आकंक्षा, अंशु, आयुषी द्वारा नुक्कड़ नाटक प्रस्तुत कइल गइल। नेहा शर्मा, मधु पासवान द्वारा पर्यावरण संरक्षण पs आधारित गीत प्रस्तुत कइल गइल। गया। कार्यक्रम के संबोधित करत प्राचार्य श्रीमती नेहा सिंह कहलीं कि अइसही पेड़-पौधन के कटाई होत रहल तs मनुष्य के जीवन दुर्लभ हो जाई। एह परिचर्चा में अभिषेक मिश्र ,मनीष यादव, संतप्रकाश कुशवाहा, उपेंद्र, सचिन आदि आपन  वक्तव्य राखल लो।

कार्यक्रम के संचालन विमलेश कुमार यादव कइलें।

कार्यक्रम में महाविद्यालय के निदेशक धर्मेंद्र सिंह, राजेश्वर कुमार, तेजनारायण यादव, सुरेंद्र यादव, प्रियंका यादव, प्रवीण तिवारी, आशीष सिंह, सुनील कुमार राव, सुरेश प्रसाद आ सब स्वयं सेवक आ स्वयं सेविका उपस्थित रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.