10 राज्यसभा सीटन खातिर 24 जुलाई के होई चुनाव, एस जयशंकर समेत एह नेता लोगन के कार्यकाल हो रहल बा समाप्त

Anurag Ranjan

भारत निर्वाचन आयोग मंगर (27 जून) के गुजरात, पश्चिम बंगाल आ गोवा में दस राज्यसभा सीटन पs होखे वाला राज्यसभा चुनाव से जुड़ल जानकारी के घोषणा कs देले बा। आयोग जानकारी देलस कि 24 जुलाई के सब 10 सीटन पs मतदान होई आ ओहि दिन मतगणनो होई।

बता दीं कि तीन राज्यन में 10 राज्यसभा सीटन के सदस्य रिटायर होखे जा रहल बा। जवना के वजह से एह सीटन पs चुनाव होखे वाला बा। आई जानल जाव ओह सदस्यन के नाम, जेकर कार्यकाल जुलाई आ अगस्त महीना में समाप्त होखे वाला बा।

  1. विनय तेंदुलकर (गोवा)
  2. दिनेशचंद्र जेमलभाई अनावादिया (गुजरात)
  3. जुगलसिंह माथुर (गुजरात)
  4. एस जयशंकर (गुजरात)
  5. डेरेक ओ ब्रायन (पश्चिम बंगाल)
  6. डोला सेन (पश्चिम बंगाल)
  7. प्रदीप भट्टाचार्य (पश्चिम बंगाल)
  8. सुष्मिता देव (पश्चिम बंगाल)
  9. शांता छेत्री (पश्चिम बंगाल)
  10. सुखेंदु शेखर रे (पश्चिम बंगाल)

राज्यसभा चुनाव के शेड्यूल, जवना के सदस्य सेवानिवृत्त हो रहल बा लो

  • अधिसूचना जारी करे के तारीख: 13 जुलाई
  • नामांकन के अंतिम तारीख: 14 जुलाई
  • उम्मीदवारी वापस लेवे के अंतिम तारीख: 17 जुलाई
  • वोटिंग के तारीख: 24 जुलाई
  • मतदान के समय: सबेरे 9 बजे से सांझ 4 बजे तक
  • मतगणना के तारीख: 24 जुलाई सांझ 5 बजे से

बंगाल में बीजेपी रची इतिहास

बंगाल में राज्यसभा के सात सीटन खातिर 24 जुलाई के चुनाव होई। वोटन के गिनती ओहि सांझ के होई। केंद्रीय चुनाव आयोग मंगर के जारी दु गो अलग-अलग अधिसूचना में ई बात कहले बा  आयोग के मोताबिक छव राज्यसभा सदस्यन के कार्यकाल समाप्त होखला के कारण ओह सीटन खातिर चुनाव करावल जा रहल बा।

दूसरका ओर, सातवां सीट पs उपचुनाव हो रहल बा काहेकि तृणमूल के टिकट पs चुनल गइल लुइजिन्हो फलेरियो अपना कार्यकाल समाप्त होखे से पहिले इस्तीफा दे देले रहस। ई बंगाल आ भाजपा के इतिहास में पहिला मवका होई जब बंगाल विधानसभा से निर्वाचित होके भाजपा के कवनो सदस्य राज्यसभा पहुंची।

पिछलका बेर टीएमसी के दिखल रहे दबदबा

बतावत चलीं कि 2017 के चुनावन में तृणमूल ओह छव सीटन में से पांच पs जीत हासिल कइले रहे। डेरेक ओ’ब्रायन, डोला सेन, सुखेंदुशेखर राय, शांता छेत्री आ मानस भुइयां ओह पांच सीटन पs जीत हासिल कइल लो। बाद में मानस इस्तीफा दे दिहल रहस। ओह सीट पs तृणमूल के सुष्मिता देव निर्वाचित भइल रहे। अब एह सब के कार्यकाल समाप्त हो रहल बा। ओहिजा, 2017 में जीतल कांग्रेस के प्रदीप भट्टाचार्य के कार्यकालो खतम हो रहल बा।

संसदीय अंकगणित के नियमन के मोताबिक तृणमूल के पांच आ भाजपा के एगो सदस्य के राज्यसभा पहुंचल लगभग तय बा। सूत्रन के मोताबिक एह बात के पूरा संभावना बा कि अबकी बेर मतदान के इस्थिति ना उत्पन्न होखे काहेकि भाजपा दूसरका सीट जीते के कोसिस ना करी।

बंगाल के अलावे गुजरात के तीन आ गोवा ले एगो राज्यसभा सीट पs 24 जुलाई के मतदान आ मतगणना होई। 2021 में गोवा के पूर्व मुख्यमंत्री फलेरियो तृणमूल के अर्पिता घोष के इस्तीफा देला के बाद निर्वाचित भइल रहस। उनका इस्तीफा देला के कारण ओह सीट पs उपचुनाव हो रहल बा। विधायकन के संख्या के वजह से तृणमूल के सदस्य के निर्वाचन लगभग तय बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।