Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में चक्रवाती तूफान ‘यागी’ के असर :48 घंटा तक बरखा के ऑरेंज अलर्ट जारी

87
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर में लगातार हो रहल रिमझिम बरखा मौसम के बदलके रख देले बा। लगातार हो रहल बरखा के कारण तापमान में बहुते कमी आइल बा। बियफे के दिनभर भइल बरखा के बाद अधिकतम तापमान 29°C दर्ज कइल गइल, जवन कि सामान्य से 5°C कम बा।

आजो सबेरे से रुक-रुक के बरखा हो रहल बा। आसमान में घन बादल छाइल बा आ दिन के तापमान 29-31°C के बीच रहे के संभावना बा, जबकि न्यूनतम तापमान 26°C के आसपास रही। मौसम विभाग गोरखपुर में अगिला 24 से 48 घंटे के दौरान मूसलधार बरखा खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा।

चीन के चक्रवाती तूफान ‘यागी’ के गोरखपुर पs असर

चीन में आइल चक्रवाती तूफान ‘यागी’ के असर गोरखपुर तक पहुंच चुकल बा। बुध के सांझ से सुरू भइल तूफानी हवा आ गरज-चमक के संगे बरखा के सिलसिला अगिला तीन दिनन तक जारी रहला के संभावना बा, जइसन कि मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय बतवलें।

मौसम विज्ञान विभाग के ओर से भारी बरखा के अलर्ट

मौसम विज्ञान विभाग गोरखपुर आ उत्तर प्रदेश के कइयन जिलन खातिर अगिला 48 घंटन में तेज बरखा के अलर्ट जारी कइले बा। कइयन जिलन में रेड आ ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा। ई बरखा गोरखपुरवासियन के गरमी से राहत प्रदान कइले बा।

957800cookie-checkगोरखपुर में चक्रवाती तूफान ‘यागी’ के असर :48 घंटा तक बरखा के ऑरेंज अलर्ट जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.