ED Summoned Shikhar Dhawan : शिखर धवन के ईडी कइलस तलब, गैरकानूनी बेटिंग एप ममिला में पूछताछ खातिर बोलवलस

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। पूर्व भारतीय क्रिकेटर शिखर धवन के एगो कथित अवैध बेटिंग एप से जुड़ल धन शोधन ममिला में प्रवर्तन निदेशालय (ED) पूछताछ खातिर तलब कइले बा। ई ममिला जवना ऑनलाइन प्लेटफॉर्म से जुड़ल बा, ओकरा के अवैध सट्टेबाजी गतिविधियन में सामिल बतावल जा रहल बा। अधिकारी एह ममिला में उनकर संभावित प्रचार भा साझेदारी वाला संबंधन के जांच सुरू कs दिहल गइल बा।

ममिला का बा?

ईडी ई जांच कर रहल बिया कि का शिखर धवन एह बेटिंग एप के प्रचार में आपन छवि के इस्तेमाल कइलें आ एकरा बदले कवनो भुगतान लेने कि ना। पूछताछ धन शोधन निवारण अधिनियम (PMLA) के तहत कइल जा रहल बा ताकि एह अवैध नेटवर्क में उनकर कवनो वित्तीय भा गैर-वित्तीय साझेदारी के पता लगावल जा सके।

रैना से हो चुकल बा पूछताछ

एकरा पहिले ईडी कइयन गो बड़ नामन के पूछताछ खातिर बोलवले रहे। हाले में पूर्व क्रिकेटर सुरेश रैना से एही ममिला में दिल्ली में सवाल-जवाब कइल गइल रहे। एकरा अलावे, कुछ आउर कंपनी आ डिजिटल प्लेटफॉर्म जांच के दायरा में आ चुकल बा।

करोड़न के ठगी के आरोप

ईडी के माने बा कि एह तरे के बेटिंग एप्स ना खाली अवैध बा बलुक एकनी के माध्यम से बड़ पैमाना पs धन शोधन के गतिविधियो होला। एह एप्स पs कइयन लोग आ निवेशकन से करोड़न रुपिया के ठगी करे भा भारी मात्रा में कर चोरी करे के आरोप बा। एह ममिला में ईडी कार्रवाई तेज कइले बिया, खास कs के ओह विज्ञापनन पs जेमे फिल्मी सितारा आ क्रिकेटर सामिल बा लो। एही कड़ी में अब क्रिकेटरन आ फिल्मी हस्तियन के भूमिका के लेके जांच आगे बढ़ावल जा रहल बा।

ईडी के रडार पs के बा?

शिखर धवन पs अभी ले कवनो ठोस आरोप के पुष्टि नइखे भइल, बाकिर ईडी के पूछताछ से साफ बा कि एजेंसी एह ममिला में गहराई से जांच कइल चाहत बिया। आवे वाला समय में एह ममिला से जुड़ल आ बड़ नामन के साेझा आवे के संभावना बा।

Read Also: Share Market: जीएसटी सुधारन के एलान के बाद शेयर बाजार गुलजार; सेंसेक्स लगवलस लमहर छलांग, निफ्टियो में तेजी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-