[the_ad_group id="30365"]

Amit Mishra के संन्‍यास के एलान, ‘हैट्रिक’ होखे भा ‘पंजा’, गेंदबाजी में स्‍थापित कइलें कइयन कीर्तिमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेटर अमित मिश्रा0 खेल के सब प्रारूपन से संन्‍यास के एलान कs देले बाड़ें। ऊ 25 साल के अपना करियर के अब अलविदा कह देले बाड़ें। लेग स्पिनर अंतरराष्ट्रीय करियर में 22 टेस्ट, 36 वनडे आ 10 टी20 इंटरनेशनल मैच खेललें।

एह दौरान ऊ टेस्‍ट में 76, वनडे में 64 आ टी20 इंटरनेशनल में 16 विकेट चटकवलें। उ बार-बार होखे वाला चोट आ नवहन के मवका देवे के हवाला देत बियफे के संन्यास के घोषणा कइलें।

यादगार रहल 25 साल

मिश्रा आईएएनएस से कहलें, “क्रिकेट में हमरा जिनगी के ई 25 साल यादगार रहल बा। हम बीसीसीआई, प्रशासन, हरियाणा क्रिकेट संघ, सहयोगी स्टाफ, अपना सहजोगियन आ अपना परिवार के सदस्यन के तहे दिल से आभारी बानी जे एह दौरान हमरा संगे रहल।”

ऊ कहलें, “हम ओह फैंस के शुक्रिया अदा कइल चाहत बानी जेकर प्यार आ समर्थ हमरा के जब आ जहां कहीं खेलनी, एह सफर के यादगार बना दिहल। क्रिकेट हमरा के अनगिनत इयाद आ अमूल्य सीख देले बा। मैदान पs बितावल हर पल एगो अइसन इयाद बन गइल बा, जवना के हम जिनगी भर संजो के रखेम।”

बेस्‍ट बॉलिंग पs एक नजर

वनडे में मिश्रा के बेस्‍ट बॉलिंग स्‍पैल के बात करीं तs ई 6/48 बा। 2013 में जिम्‍बाब्‍वे के खिलाफ ऊ ई कारनामा कइले रहस। मुकाबला के बात करीं तs टॉस हारके जिम्‍बाब्‍वे टीम 39.5 ओवर में 163 रन पs सिमट गइल रहे। मिश्रा 8.5 ओवर में 5.43 के इकोनॉमी से 48 रन देके 6 विकेट अपना नावे कइले रहस।

टेस्‍ट में मिश्रा ने 1 बेर 5 विकेट हॉल कइलें। उनकर बेस्‍ट प्रदर्शन के बात करीं तs 5/71 एक इनिंग में आ 7/72 एक टेस्‍ट में रहा। ऊ 2008 में ऑस्‍ट्रेलिया के खिलाफ मोहाली में टेस्‍ट डेब्‍यू कइले रहस। ऊ अपना करियर के आखिरी टेस्‍ट 2016 में खेलले रहस।

आईपीएल में हैट्रिक

अमित मिश्रा आईपीएल में सबसे जादे हैट्रिक लेवे वाला गेंदबाज हवे। ऊ लीग में 3 बेर ई कारनामा कइलें। ऊ (2008, 2011 आ 2013) अलग-अलग फ्रेंचाइजी खातिर ई कारनामा कइले रहस। 2008 में दिल्‍ली के ओर से खेलत ऊ डेक्‍कन चार्जर्स के खिलाफ लगातार 3 विकेट लेले रहस।

एकरा बाद 2011 में किंग्‍स 11 पंजाब के ई बॉलर फेर से डेक्‍कन चार्जर्स के खिलाफ ई कारनामा कइले रहस। 2013 में मिश्रा सनराइजर्स हैदराबाद के ओर से खेलत रहस। पुणे वॉरियर्स के खिलाफ ऊ 3 गेना पs 3 विकेट चटकवले रहस।

आईपीएल में प्रदर्शन

आईपीएल में मिश्रा के प्रदर्शन के बात करीं तs ऊ अपना करियर में 162 मैच खेललें। एह दौरान ऊ 174 विकेट चटकवलें। अमित 2008 से 2010 तक दिल्‍ली डेयरडेविल्‍स के हिस्‍सा रहस। अगिला 2 सीजन ऊ डेक्‍कन चार्जर्स खातिर खेललें।

एकरा बाद आईपीएल 2013 आ 2014 में ऊ सनराइजर्स हैदराबाद फ्रेंचाइजी खातिर खेललें। 2015 से 21 तक लेग स्पिनर दिल्‍ली कैपिटल्‍स के हिस्‍सा रहलें। एकरा बाद 2023 आ 2024 में ऊ लखनऊ सुपर जायंट्स के ओर से खेलत नजर आइल रहस।

Read Also: Ayodhya News: रामनगरी में कइयन जगहन पs आसमान में दिखल ड्रोन, ग्रामीणन में दहशत; पुलिस छानबीन में जुटल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]