ED ने संजय राउत की संपत्ति कुर्क

Share

प्रवर्तन निदेशालय ED 1,034 करोड़ रुपया के पात्रा चॉल भूमि घोटाला मामिला में शिवसेना नेता संजय राउत के बड़ झटका देहले बा। निदेशालय संजय के अलीबाग में एगो प्लॉट अउर दादर में एगो फ्लैट के कुर्क कs देहले बा। मामिला में ईडी 11 करोड़ के प्रॉपर्टी अटैच कइलस, जेमें से 9 करोड़ के प्रॉपर्टी प्रवीण राउत के बा। जबकि 2 करोड़ के प्रॉपर्टी संजय राउत के पत्नी के बा। ई कार्रवाई होखले के बाद संजय ट्विटर पर लिखने- असत्यमेव जयते।

फरवरी में संजय राउत के करीबी प्रवीण राउत के कइल गइल रहे गिरफ्तार

ईडी एह मामिला में महाराष्ट्र के बिजनेसमैन प्रवीण राउत के फरवरी में गिरफ्तार कइले रहे अउर बाद में चार्जशीट दाखिल कइले रहे। एजेंसी पिछले साल संजय राउत के पत्नी वर्षा राउत से पीएमसी बैंक धोखाधड़ी मामिला से जुड़े एगो अन्य मनी लॉन्ड्रिंग मामिला अउर प्रवीण राउत की पत्नी माधुरी के संगे उनके कथित संबंध के संबंध में पूछताछ कइले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-