माफिया मुख्तार के पत्नी अफ्शा अंसारी पs ED कसी शिकंजा, मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में जुटावल जा रहल बा साक्ष्य
सूत्रन के कहनाम बा कि विकास कंस्ट्रक्शन फर्म के माध्यम से मुख्तार करोड़न के बेनामी संपत्ति कमइले रहस। फर्म में मुख्तारके पत्नी साला सहित आउर लोगन के नाम रहे। बीतल साल ईडी माफिया आ ओकरा कइयन करीबियन के ठिकानन पs छापेमारी करत कइयन कागजात बरामद कइले रहस। संगही मुख्तार के बड़ भाई पूर्व सांसद अफजाल अंसारी के दिल्ली इस्थित आवास पs दबिश देके साक्ष्य संकलित कइल गइल रहे।
मनी लॉन्ड्रिंग केस में अब माफिया मुख्तार अंसारी के पत्नी अफ्शा अंसारी के खिलाफ शिकंजा कसी। एकरा खातिर प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ओर से साक्ष्य जुटावल जा रहल बा। सुरुआती छानबीन में अफ्शा के विरुद्ध कुछ अइसन सबूत मिलल रहे, जवना के आधार पs उनका के प्रकरण में आरोपित बनावल जाये के बात कहल गइल बा। एकरा पहिले बिदेस भागे के आशंका पs अफ्शा के खिलाफ लुकआउट नोटिस जारी कइल गइल रहे।
फर्म के माध्यम से करोड़न के बेनामी संपत्ति के कमाई
सूत्रन के कहनाम बा कि विकास कंस्ट्रक्शन फर्म के माध्यम से मुख्तार करोड़न के बेनामी संपत्ति कमइले रहस। फर्म में मुख्तारके पत्नी साला सहित आउर लोगन के नाम रहे। बीतल साल प्रवर्तन निदेशालय माफिया आ ओकरा कइयन करीबियन के ठिकानन पs छापेमारी करत लैपटाप, मोबाइल, जमीन आ कंपनी से जुड़ल कागजात बरामद कइले रहे। मुख्तार के बड़ भाई पूर्व सांसद अफजाल अंसारी के दिल्ली इस्थित आवासो पs दबिश देके साक्ष्य संकलित कइल गइल रहे। बरामद दस्तावेजन के विश्लेषण आ भौतिक सत्यापन करे के बाद अफ्शा के विरुद्ध अहम जानकारी मिलल बा।
अफ्शा पs शिकंजा कसे के तइयारी
विकास कंस्ट्रक्शन के बैंक खाता से अफ्शा आ ओकरा बेटा उमर सहित आउर के खान में अलग-अलग समय पs पईसा ट्रांसफर कइल गइल रहे, जवना के बारे में पूछताछ कइला खातिर जल्दिये मुख्तार के पत्नी के समन जारी कइल गइला के बात कहल जा रहल बा। मनी लॉन्ड्रिंग केस में मुख्तार के बेटा उमर चित्रकूट जेल आ साला नैनी जेल में बंद बा। सूत्रन के कहनाम बा कि अफ्शा आ ओकरा से जुड़ल कइयन करीबियन पs मनी लॉन्ड्रिंग के तहत शिकंजा कसे के तइयारी चल रहल बा।
Comments are closed.