Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बस्ती में कोर्ट के आदेस से ‘अमेरिका’ पs मुकदमा दर्ज, पुलिस जांच में जुटल

बस्ती में ई मुकदमा अमेरिका समेत 7 लोगन के खिलाफ पॉक्सो एक्ट के तहत दर्ज कइल गइल बा। मुकदमा दर्ज कइला के बाद पुलिस अब घटना के जांच में जुट गइल बिया। इहां जानीं पूरा माजरा...

272

यूपी में बस्ती के नगर थाना क्षेत्र में नाबालिग किशोरी से दुष्कर्म के ममिला सामने आइल बा, जेमे कोर्ट के आदेस पs केस दर्ज भइल बा। ई मुकदमा अमेरिका समेत 7 लोगन के खिलाफ पॉक्सो एक्ट के तहत दर्ज कइल गइल बा। मुकदमा दर्ज कइला के बाद पुलिस अब घटना के जांच कर रहल बिया। चउकी मत, इहां अमेरिका देस ना, बलूक आरोपी के नाम हs।

नगर थाना क्षेत्र के 17 बरिस के किशोरी अमेरिका पs दुष्कर्म के मुकदमा दर्ज करवले बिया, एकरा खातिर ऊ कोर्ट से गुहार लगवले रहे। जानकारी के मोताबिक, घटना 10 अगस्त 2022 के हs। किशोरी दिन में 11.34 बजे घास काटे खेत में गइल रहे। उहां घात लगाके बइठल अमेरिका किशोरी के दबोच लेले रहे। आरोप बा कि ओकरा संगे जबरन मारपीट कs के दुष्कर्म कइल गइल। केहू से घटना के बारे में बतावे पs जान से मारे के धमकी दिहल गइल।

अमेरिका के माता-पितो पs केस

आरोप बा कि किशोरी डेरा गइल ओकरा बाद आरोपी अमेरिका बियाह के झांसा देके कइयन बेर संबंध बनवलें। जब ई बात परिजनन तक पहुंचल तs उहो बियाह के दबाव बनावे लागल, बाकिर अमेरिका आ ओकर घरवाला लोग बियाह से इंकार कs दिहल। आरोप बा कि पीड़िता आ  ओकरा परिजनन से मारपीट कइल लो। अइसे में पीड़िता न्यायालय से न्याय के गुहार लगवलस। कोर्ट जांच रिपोर्ट के आधार पs आरोपी अमेरिका, ओकर माता, पिता भाई समेत 7 लोगन के खिलाफ मुकदमा दर्ज करे के आदेस देले बिया।

ममिला के जांच में जुटल पुलिस

एसओ नगर जनार्दन प्रसाद बतवलें की कोर्ट के आदेस पs आरोपी अमेरिका समेत 7 लोगन पs मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। घटना के जांच कइल जा रहल बा। साक्ष्य इकट्ठा कइल जा रहल बा। जांच रिपोर्ट के आधार पs कार्रवाई कइल जाई।

साभार: न्यूज 18

580900cookie-checkबस्ती में कोर्ट के आदेस से ‘अमेरिका’ पs मुकदमा दर्ज, पुलिस जांच में जुटल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.