ED Action : बालू माफिया के खिलाफ ईडी के एगो आउर कार्रवाई, RJD नेता सुभाष यादव के करीबी जीतेंद्र गिरफ्तार

Share

Bihar: बिहार में ईडी बालू माफिया के खिलाफ एगो आउर बड़ कार्रवाई कइले बिया। बालू माफिया जीतेन्द्र के ईडी रांची से गिरफ्तार कइलस। ई सुभाष यादव के करीबी बतावल जा रहल बाड़न। ब्रॉडसन कमोडिटी प्राइवेट लिमिटेड के निदेशक सुभाष यादव के प्रवर्तन निदेशालय 9 मार्च के देर रात के गिरफ्तार कइले रहे। बालू सिंडीकेट से ई 5वां गिरफ्तारी रहे।

प्रखंड क्षेत्र के श्रीपालपुर निवासी आ बालू खनन में जुटल कंपनी के निदेशक सह राजद नेता सुभाष यादव के करीबी जीतेंद्र सिंह के प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) रांची से गिरफ्तार कर लिहल गइल। ए बात के जानकारी जीतेंद्र सिंह के स्वजन ले मिलल।

राजद नेता सुभाष यादव के सहयोगी सह मोर मुकुट मार्केटिंग प्राइवेट लिमिटेड के निदेशक जीतेंद्र सिंह के रांची के एगो होटल से छापेमारी कऽ के  गिरफ्तार कइल गइल। ईडी के टीम 17 अप्रैल के उनका पैतृक गांव श्रीपालपुर स्थित घर में छापेमारी कर के सदस्यन से छह घंटे ले पूछताछ कइले रहे।

हाजिर ना भइला पऽ उनका के गिरफ्तार कर लिहल गइल

सहायक निदेशक संतोष मंडल द्वारा 19 अप्रैल के ईडी कार्यालय में उपस्थित होखे खातिर तीसरी बार सम्मन जारी कर के उनका भाई के सउँपले रहे। उपस्थित ना होखे पऽ उनका के गिरफ्तार कर लिहल गइल।

बता दी कि बालू खनन में जुटल कंपनी मोर मुकुट प्राइवेट लिमिटेड के निदेशक पऽ आय से बेसी संपत्ति के चलते ईडी प्रिवेंशन आफ मनी लांड्रिंग एक्ट के तहत पूछताछ खातिर समन भेजलस।

एह दिने भइल रहे सुभाष के गिरफ्तारी

ब्रॉडसन कमोडिटी प्राइवेट लिमिटेड के निदेशक सुभाष यादव के ईडी 9 मार्च के गिरफ्तार कइले रहे। सुभाष के आधा दर्जन ठिकाना पऽ छापा मारल गइल रहे। ईडी आपन कार्रवाई में दू करोड़ नकद के अलावा जमीन से जुड़ल कागजात, निवेश से जुड़ल दस्तावेजो बरामद कइले रहे। बालू से जुड़ल अवैध कारोबार आ मनी लांड्रिंग एक्ट के तहत ई कार्रवाई कइल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-