ईयर फोन रउआ के कर रहल बा बर्बाद, स्वास्थ्य विभाग उठवलस जागरूकता के जिम्मा; यूपी में चलाई अभियान

Share

इयरफोन के माध्यम से जोरदार संगीत सुनला के चलते सुने के शक्ति कम होता। एकरा अलावा आउरी कई गो नुकसान बा। मेडिकल आ स्वास्थ्य विभाग एकर दुष्प्रभाव से बचावे खातिर लोग के जागरूक करी। प्रशासन के मदद से सब जिला में जागरूकता अभियान शुरू कइल जाई। केंद्र सरकार के निर्देश पs ई जनजागरण अभियान चलावल जाई।

इयरफोन के माध्यम से जोरदार संगीत सुनला के चलते सुने के शक्ति कम होता। एतने ना एकर इस्तेमाल के चलते दुर्घटनों हो रहल बा। एकरा के देखत अब मेडिकल आ स्वास्थ्य विभाग एकरा दुष्प्रभाव से लोगन के बचावे खातिर जागरूक करीं। सब जिला में प्रशासन के मदद से ई अभियान शुरू कइल जाई। एकरा में ईएनटी विशेषज्ञ से मदद लिहल जाई। इंटरनेट, डिजिटल, टीवी आ प्रिंट मीडिया के मदद से लोगन के जागरूक कइल जाई।

मेडिकल एंड हेल्थ पार्थ के प्रमुख सचिव सारथी सेन शर्मा सब संभागीय आयुक्त आ जिला मजिस्ट्रेट के चिट्ठी भेजले बाड़न, जवना में एह अभियान के चलावे के निर्देश दिहल गइल बा। केंद्र सरकार के निर्देश पs ई जनजागरण अभियान चलावल जाई। जदी इयरफोन चाहे हेड फोन के इस्तेमाल रोज दु घंटा से जादे होखता तऽ धीरे-धीरे एकरा से लोग के नुकसान होई।

सुने के क्षमता पऽ पड़ेला असर

लंबा समय तक एकर बेसी उपयोग करे से जदि सुने के क्षमता स्थायी रूप से खराब हो जाता तऽ फिर उऽ श्रवण यंत्र भा फेर काक्लियर इंप्लांटो से ठीक ना होई। आनलाइन गेम खेले वाला बच्चा तेज आवाज में सुनऽता। आवश्यकता पड़ला पs 50 डेसिबल वाल्यूम सहित ईयर फोन भा फेर हेड फोन जइसन व्यक्तिगत आडियो के उपकरणन के प्रयोग करे के संबंध में लोगन के जागरूक कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-