हर विद्यार्थी एगो पवधा लगावे आ एगो मां के तरे करे ओकर देखभाल : जयंत चौधरी

Share

हर विद्यार्थी एगो पवधा लगावे लो आ एगो मां के तरे करे ओकर देखभाल : जयंत चौधरी

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। नेहरू युवा केंद्र देवरिया, सोसायटी ऑफ मोटिवेटिंग इनोवेटिंग लर्निंग इन्वायरनमेंट आ सूर्या चैरिटेबल वेलफेयर सोसाइटी के संयुक्त तत्वावधान में राष्ट्र निर्माण में नवहन के भूमिका विषय पs गोष्ठी आ पौधरोपण कार्यक्रम श्रीअनंत इंटरमीडिएट कॉलेज सतराव में अयोजित कइल गइल।

एह कार्यक्रम के सुभारंभ विद्यालय के छात्रा रागिनी, आदिति, शिल्पी, रिशु बरनवाल के स्वागत गीत के संगे भइल। एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि कॉलेज प्रबंधक प्रतिनिधि जयंत चौधरी आ विशिष्ट अतिथि जिला पंचायत सदस्य ऋषि कुमार रानू रहलें। पर्यावरण संरक्षण में पवधन के भूमिका के बतावत हुए मुख्य अतिथि जयंत चौधरी कहलें कि ई हमनी सभे के नैतिक जिम्मेदारी हs कि हमनी सब केहू पर्यावरण के संरक्षित करे के दिशा में आपन भागीदारी सुनिश्चित करे। अपना मां के नाम पs एगो पवधा जरूर लगाईं आ ओकरा के पल्लवित करे में तब तक लागल रहीं, जब तक ऊ पेड़ ना बन जावs।

एहसे हमनी के पर्यावरण सुद्ध होई आ हमनी के कोरोना जइसन घातक बेमारी से देस बचा सकेम सs। स्माइल आ सूर्या ग्रुप के अध्यक्ष अतुल त्रिपाठी ने बतवलें कि हमनी के संस्था भारत सरकार से समन्यव स्थापित कs के स्वास्थ्य, शिक्षा, भोजन वितरण, विविध सरकारी योजनन  के क्रियान्वयन, रक्तदान शिविर से संबंधित कइयन गो सामाजिक काम करेले। विद्यालय के शिक्षकन के ओर से गो पेड़ मां के नाम अभियान के तहत कॉलेज प्रांगण में पौधरोपण कइल गइल।

कार्यक्रम के अध्यक्षता कॉलेज के विजय शंकर रजक आ संचालन डॉ. अनुज कुमार यादव कइलें। एह अवसर पs शिवम पाण्डेय, राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवक राहुल मल्ल, देवव्रत पाण्डेय, अनुराग त्रिपाठी, अवनीश त्रिपाठी, उमेश यादव, सरोज कुमार, सतीश चंद्र, जितेंद्र कुमार, धर्मेंद्र उपाध्याय, उज्जवल श्रीवास्तव, डॉ. जितेंद्र अग्रहरी सहित सब शिक्षक उपस्थित रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-