नमक खइला से 2030 से पहिले हो सकत बा लाखों लोगन के मौत, WHO कइलस आगाह, अइसे करीं आपन बचाव
अक्सर लोगन के अपना खाना में चटक आ नमकीन वाला चीज पसंद होला। अइसन में तनिको फीका खाना ओह लोगन के गला के नीचे से ना उतरेला। कइयन बेर तs लोग खाना में हमेशा नमक कम होखला के शिकायत करत रहेला।
बाकिर का रउआ पता बा जादे नमक खइला से राउर मौत हो सकत बा। ई बात हम नइखी कह रहल बलूक हाले में विश्व स्वास्थ संगठन द्वारा जारी कइल गइल एगो रिपोर्ट में खुलासा भइल बा। वर्ल्ड हेल्थ ऑर्गेनाइजेशन के एह रिपोर्ट के मोताबिक, जादे नमक के सेवन रउआ देह के बेमारियन के घर बना देला। एह रिपोर्ट में इहो बतावल गइल बा कि दुनिया में ज्यादातर मौत जादे नमक खइला से होला आ जदि इहे क्रम चलत रहल तs साल 2030 तक पूरा दुनिया में 70 लाख लोगन के मौत खाली नमक जादे खइला के वजह से होई। अइसन में वर्ल्ड हेल्थ ऑर्गेनाइजेशन द्वारा दुनिया में ई लक्ष्य निर्धारित करे के कोसिस कइल जा रहल बा कि साल 2025 तक 30 प्रतिशत कम नमक खाये के मुहीम चलावल जाव।
2030 तक हो सकत बा 70 लाख लोगन के मौत
वर्ल्ड हेल्थ ओर्गनइजेशन द्वारा जारी कइल गइल एह रिपोर्ट के मोताबिक जदि समय रहते लोग जादे नमक खइला के आदत के नियंत्रित ना कइलस तs साल 2030 तक दुनियाभर में करीब 70 लाख लोग नमक के वजह से आपन जान गंवा सकत बा। इहे वजह बा कि WHO के ओर से 2030 तक लोगन के खाना से 30 प्रतिशत नमक कम करे के लक्ष्य रखल गइल बा।
एह बेमारियन के हो सकत बानी शिकार
जादे नमक खाइल देह खातिर नुकसानदायक होला। 5 ग्राम नमक माने कि एक चम्मच नमक हर दिन खातिर काफी बा, बाकिर ज्यादतर लोग दुगुना मात्रा में सेवन करेला, जादा नमक के सेवन से देह में वॉटर रिटेंशन बढ़ेला। संगही हाई बीपी आ दिल से जुड़ल बेमारियन में इजाफा होला। एकरा अलावे किडनी से जुड़ल बेमारी, देह में सूजन, स्ट्रोक आ पैरालिसिस जादे नमक खइला के वजह से हो सकत बा।
जरुरत के मोताबिक करीं नमक के सेवन
जहां जादे नमक देह के नुकसान पहुंचावेला ओहिजा कम नमक खइलो से लोग कमजोर आ कइयन बीमारियन के शिकार होखे लागेला। दरअसल नमक से हमनी के देह के सोडियम मिलेला। सोडियम देह में पानी के सही स्तर बनाके रखेला आ ऑक्सीजन आ दूसरका पोषक तत्वन को ऑर्गन तक पहुंचावे में मदद करेला। एहिसे नमक के कम सेवनो ना करे के चाहीं।
(ई आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय के अपनावे से पहिले डॉक्टर से परामर्श जरुर लीं।)
Comments are closed.