पिपरौली ब्लाक मुख्यालय, लाचार हैन्डपम्प

Anurag Ranjan

पिपरौली ब्लाक मुख्यालय, लाचार हैन्डपम्प

हुक्मरान से लेके पालक तक एकरा बादो पानी के समस्या…

पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): ब्लाक मुख्यालय पिपरौली मे पिये के पानी के लेके हायतौबा मचल बा। एगो अदद इण्डिया मार्का हैन्डपम्प बा, बाकिर ए समे उहो खराब बा। अइसन में भीषण गरमी में इहवां के लोग गर कइसे तर करो। ई एगो समस्या बनल बा।
स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि गरमी दिन ब दिन बढता जा रहल बा। अभिये ई हाल बा तs आवे आला दिन में का होई। जब पिये के पानी एके गो सहारा दिखाई दीं। इहवां पानी के किल्लत के समस्या सभे के  सतावे लागल बा।
बतावत चली कि एके परिसर में पिपरौली ब्लाक मुख्यालय आ थाना गीडा बा, पशु अस्पताल बा। संगही चौराहा पs दर्जनन दुकानदार जे आपन जिविका चलावेला।
संगही जलनिगम के ओवर हेड टैंक बा, एकरा बादो आम जनता दिनभर पियास बुझावे ला परेसान हो रहल बिया।
गौरतलब होखे कि ई समस्या इहवें तक सिमित नइखे। गांव के जनता के ब्लाक से सम्बन्धित काम ला आइल गइल, गीडा थाना पs फरियादियन के हरदम जमावड़ा लागल रहेला। बावजूद एह चिलचिलात घाम आ गरमी से लोगन के एक घूट पानी के समस्या बनल बा।
दुकानदारन के कहनाम बा कि इण्डिया मार्का हैन्डपम्प खराब बा। एगो टोटी जलकल से लगावल गइल बा। ओकर कवनो भरोसा नइखे कि कब पानी आई कब ना। इहां पिये के पानी के समस्या बनल चलल आ रहल बा। विभाग के संगे जिम्मेदार मौन बा लो। पानी के लेके जनता मे त्राहि त्राहि मचल बा।

ग्राम प्रधान खरैला चन्द्र कुमार सिंह उर्फ चन्दन सिंह ने बतवनी कि शासन प्रशासन आ जलनिगम के होखला के बादो पब्लिक के पानी पिये के बेवस्था नइखे। खास कs के गरमी के सीजन में। समस्या गांव से आवे आला फरियादियन सहित आम आदमी के बडी दिक्कत देला। कार्यालय के बाहर पब्लिक बूथ के बेवस्था होखे जवना से महिला,पुरूष छोट छोट बच्चन के पिये के पानी मिल सके।

चन्द्र कुमार सिंह उर्फ चन्दन सिंह (ग्राम प्रधान खरैला)

 

अजय पान्डेय बतवले इहां समस्या बहुत दीं से बा। दुकानदार तs बाल्टी मे पानी रखेला लो। जब बाहर से लोग आवेला तब ओह लो ला पानी के समस्या हो जाला। इण्डिया मार्का पम्प खराब बा।अगल बगल कवनो दोसर चारा नइखे। जवना से सभे के परेसानी बढ़ जाला।

अजय पाण्डेय

 

चाय दुकानदार बेचू प्रसाद बतवले कि गरमी में पानी के जरूरत होला। जलकल के टोटी सुबह शाम आवेला। दिनभर लोग पानी के तलाश में भटकत रहेला।  ठंडा पानी के कहे, गरम पानी ले ना मिल पावेला।

चाय दुकानदार बेंचू प्रसाद

 

इहां के लोग बतावल  कि इहां जनता ला विकास कार्यालय ,गीडा थाना,अस्पताल के संगे जननिगम कार्यालय होखला के बावजूद पानी ला लोग परेसान बा।

एकरा बारे में ग्राम पंचायत पिपरौली ग्राम सचिव नीरज यादव ने बतवले कि देखवाके जल्द से जल्द ठीक करा दिहल जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।