सुबह खाली पेट पीं ह‌रदी के चाय, बढ़त वजन होई कंट्रोल; ई बीमारी होंईं दूर

Share

आम तौर पs वजन घटावल चुनौतीपूर्ण होला । आपन वजन कम क‌इले के खातिर हम आपन डाइट में कटौती करेनी जवने वजह से हमनी के अपने शरीर के खातिर आवश्यक पोषक तत्व नाहीं मिल पावेना। मगर कुछु आसान से उपाय के अपना के आपन वजन कम क‌s सकेनी। वजन घटवले के साथे-साथ इम्यूनिटी खातिर सबसे अच्छा चीजन में से एगो हs हरदी। एs जादुई मसाला के सेवन कई तरह से क‌इल जा सकेला.जवन हमनी के बॉडी के जरूरी पोषण देवेना । आई जानी हरदी वाला चाय पेटे के चर्बी कम क‌इले आ मोटापा से छुटकारा पवले में क‌इसे मदद करेला।

गुण के खान हs हरदी

हरदी में विटामिन बी, सी, ओमेगा-3 फैटी एसिड, अल्फा-लिनोलिक एसिड, फाइबर के साथे-साथ पोटैशियम, आयरन आदि पा‌वल जाए वाला शरीर से विषाक्त पदार्थन के निकले के साथे मेटाबॉलिज्म के तेजी से बढ़ावे ना। ई शरीर में मौजूद अतिरिक्त चर्बी के दूर करेला। जबकि दालचीनी स्वाद में थोड़ा मीठा आ तीखा होला। ई थाइमिन, फास्फोरस, प्रोटीन, सोडियम, विटामिन, कैल्शियम, मैंगनीज, पोटेशियम, नियासिन, कार्बोहाइड्रेट आदि से भरपूर होला जवन शरीर में वसा के कम क‌इले में मदद करेला।

वजन घटवले खातिर हरदी के चाय

वजन कम करे के खातिर हरदी के चाय बहुते फायदेमंद होला। एगो पैन में एक कप पानी उबाल लेंईं। उबाल अवले के बाद ओमे चुटकी भर हरदी, तनी सा दालचीनी पाउडर डाल के धीमा आंच पs पकाईं। आप के चाय त‌इयार बा। थोड़ा सा मिठास के खातिर आप शहद के इस्तेमाल क‌s सकेनी। एकर सेवन पूरा हफ्ता खाली पेट करीं।

परेशानी में हs कारगर हरदी

रोग प्रतिरोधक क्षमता बढावेला: हरदी के चाय इम्यूनिटी बढ़ोले के काम करेला। ऐमें अब एंटी सेप्टिक गुण मौजूद होला। हरदी के चाय पीएलें से बीमारी से लड़ले के शक्ति मिलेला। ई चाय सर्दी, जुकाम, खांसी आ बुखार ज‌इसन संक्रामक बीमारी के दूर क‌इले के काम करली.

जोड़ के दरद होई दूर: हरदी में मौजूद एंटी इंफ्लेमेटरी गुण दरद के दूर क‌इले में मदद करेला। हरदी के चाय पीएले से जोड़ के दरद के परेशानी से छुटकारा मिल जाला। ई हड्डी के मजबूत बनावेला। एके पीए से जोड़ के दरद में आराम मिलेला।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-