DRDO आ भारत फोर्ज मिलके बनाई नया CQB कार्बाइन, भारतीय सेना से मिलल 2000 करोड़ के ऑर्डर

DRDO and Bharat Forge to manufacture CQB carbine for Indian Army

Share

सेंट्रल डेस्क। भारतीय सेना के हाथ में जल्दिये नया आ आधुनिक CQB कार्बाइन नजर आई। रक्षा अनुसंधान आ विकास संगठन (DRDO) आ भारत फोर्ज लिमिटेड के सेना दु हजार करोड़ रुपिया के लागत से एह अत्याधुनिक हथियार के बनावे के आदेस देले बा। ई स्टर्लिंग कार्बाइन के जगह ली, जवना के 1940 में डिजाइन कइल गइल रहे आ अब ई युद्ध के मवजूदा जरूरतन के पूरा नइखे कर पावत।

एह नया 5.56×45 मिमी CQB कार्बाइन के DRDO के आयुध अनुसंधान आ विकास प्रतिष्ठान (ARDE) डिजाइन आ विकसित कइले बा। एकर निर्माण के जिम्मेदारी भारत फोर्ज लिमिटेड के सहायक कंपनी कल्याणी स्ट्रेटेजिक सिस्टम्स लिमिटेड के पुणे इकाई के दिहल गइल बा। ई अनुबंध हाल के बरिसन में भारत में डिजाइन आ निर्मित हथियार प्रणाली खातिर सबसे बड़ मानल जा रहल बा।

कार्बाइन के खासियत ई बा कि ई हल्का बा, ऑप्टिक्स आ लेजर डिजानर जइसन उपकरणन के संगे आवेला आ नजदीकी मुठभेड़ में बहुते प्रभावशाली बा। सेना एह प्रस्ताव के RFP प्रक्रिया के तहत L1 बोलीदाता के रूप में चुनलस, जवना से ई साबित होत बा कि DRDO आ भारत फोर्ज तकनीकी जरूरतन के पूरा करत सबसे कम बोली लगवलस।

ई डील भारत के स्वदेशी रक्षा निर्माण के एगो नया दिशा देत बा आ भारतीय सेना के आधुनिक हथियार प्रणाली से लैस करे के दिशा में बड़ डेग बा।

Read Also:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-