मोबाइल यूजर्स खातीर आज से बंद हो रहल बा इs खास सर्विस, जानीं वजह

Minee Upadhyay

 

बढ़त ऑनलाइन धोखाधड़ी के रोके खातिर डॉट (दूरसंचार विभाग) आजु से यूएसएसडी आधारित कॉल फॉरवर्डिंग सेवा बंद क दिहले बा. हाल ही में दूरसंचार विभाग एकरा बारे में दूरसंचार कंपनी एयरटेल, जियो, वी, बीएसएनएल के एगो सर्कुलर जारी कईले रहे। 28 मार्च के जारी नोटिस में दूरसंचार विभाग दूरसंचार कंपनी सभ के आदेश जारी कइले रहे कि यूएसएसडी आधारित कॉल फॉरवर्डिंग सुविधा के 15 अप्रैल 2024 से यानी आजु से आगे के आदेश तक रोक दिहल जाय। अब यूजर अपना मोबाइल फोन में यूएसएसडी कोड डायल क के कॉल फॉरवर्डिंग के सुविधा ना ले पइहें.

यूएसएसडी का होला?

फीचर फोन होखे भा स्मार्टफोन यूजर, सभके कवनो ना कवनो समय यूएसएसडी आधारित सेवा के इस्तेमाल भईल होई। यूएसएसडी के नाम ह अनस्ट्रक्चरड सप्लीमेंटरी सर्विस डाटा बेस्ड सर्विस, जवना में यूजर अपना फोन के डायल पैड में कुछ नंबर डायल क के ए सेवा के चयन क सकतारे। उदाहरण खातिर, अपना फोन के IMEI नंबर जाने खातिर यूजर अपना फोन से *#06# USSD कोड डायल करेले।

एही तरे कॉल फॉरवर्डिंग सेवा के सक्रिय अवुरी निष्क्रिय करे खातीर यूएसएसडी कोड के भी इस्तेमाल होखत रहे, जवन कि अब बंद कs दिहल गईल बा। यूजर के अपना नंबर से कवनो दोसरा नंबर पs कॉल फॉरवर्ड करे खातीर एs कोड के डायल करे के पड़ी। एकरा बाद यूजर के फोन पs आवे वाला कॉल के कवनो अवुरी नंबर पs ट्रांसफर कs दिहल गईल।

का करीं जा?

अगर आप अपना मोबाइल में कॉल फॉरवर्डिंग सेवा सक्रिय कईल चाहतानी त एकरा खातीर आपके फोन के सेटिंग में जाके कॉल सेटिंग में जाए के होई। एकरा बाद रउरा कॉल फॉरवर्डिंग के विकल्प देखाई दिही। ए तरीका से फीचर फोन अवुरी स्मार्टफोन के इस्तेमाल करेवाला डिवाइस पs जाके कॉल फॉरवर्डिंग सेवा के सक्रिय कs सकेले।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।