हरिहर निशान पर खुलल घरेलू शेयर बाजार, सेंसेक्स 195 अंक चढ़ल, निफ्टी 18250 के पार

Share

हप्ता के आखिरी काराेबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में सकारात्मक शुरुआत भइल बा। सुक्क के सुबह बाजार खुलते घरी सेंसेक्स में लगभग 200 अंक के बढ़त दिखल। फिलहाल सेंसेक्स 103.99 अंक के बढ़त के संगे 61237.87 अंक पर जबकि निफ्टी 41.60 अंक के बढ़त के संगे 18232.60 अंक के लेवल पर कारोबार करत दिख रहल बा। एह दौरान रुपया 0.02% बढ़ के 82.7800 प्रति अमेरिकी डॉलर पर खुलल। एके पिछले ट्रेडिंग सेशन में ई करीब 82.7975 स्तर पs बंद भइल रहे।

सुक्क के शुरुआती कारोबार में सेंसेक्स के 30 शेयर के हाल  

ई रहल निफ्टी के टॉप गेनर अउर टॉप लूजर शेयर

 
शुक्रवार के सेंसेक्स 195 अंक के तेजी के साथ 61329 के स्तर पर अउर निफ्टी 68 अंक के तेजी के संगे 18259 के लेवल पs ओपन भइल। उहवें, बैंक निफ्टी में 150 अंक के तेजी के संगे 43401 के स्तर पर कारोबार के शुरुआत भइल। शुरुआती ट्रेडिंग सेशन में मीडिया, मेटल्स अउर PSU बैंकिंग सेक्टर के शेयर में तेजी दिख रहल बा।
बजाज ट्विन्स के शेयर में भी मजबूती दिख रहल बा। बजाज फाइनेंस में 2.3 फीसदी अउर बजाज फाइनेंशियल सर्विसेज में 2.2 फीसदी के तेजी बा। एकरे अलावा टाटा स्टील, SBI, विप्रो जइसन कंपनियन के शेयर में तेजी बा। जबकि एशियन पेंट्स, महिंद्रा एंड महिंद्रा अउर सन फार्मा जइसन शेयर कमजोरी के संगे कारोबार करत दिख रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-