Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लाइफस्टाइल:राती में कॉफी पीयल का स्वास्थ खातीर होला बड़िया? 

650
Google Ads 300*250 for posts

 

 

 

कॉफी में कैफीन नाम के कंपाउड होला. जवन एंटीऑक्सीडेंट हs. ई कई तरह से शरीर के फायदा पहुंचावेला . कॉफी दिमाग में अलर्टनेस के बढ़ावेला.जेसे लोगन के दिमाग चौकन्ना रहेला . कॉफी में विटामिन बी आ राइबोफ्लोविन ज‌इसन कंपाउड होला जवन माइग्रेन ज‌इसे दिक्कत के दूर क‌इले में मददगार ह. एकरे अलावा कॉफी में पोटैशियम होला जेसे ब्लड प्रेशर कंट्रोल रहेला . इतना सारा फायदा के बावजूद कॉफी के राती में पीएले से नुकसान हो सकेला.कॉफी में जवन कैफीन फायदेमंद होला. ओहीं राती के खातिर मुश्किल खड़ा क‌s सकेला. तs आई जानीं कि विज्ञान के हिसाब से कॉफी के सेवन राती में करे के चाहि आ नाहीं.

देर रात कॉफी पीयले के नुकसान

1.क्लीवलैंड क्लिनिक के खबर के मुताबिक देर रात कॉफी पीए के सबसे बड़हन दुष्परिणाम ई हs कि ई रात के काला क‌s देला. कैफीन दिमाग में एडिनोसाइन प्रोडक्शन के कम क‌s देला. ई एडिनोसाइन रात के नींद लावे के खातिर जरूरी हs. एडिनोसीन दिमाग के एक्टिविटी के कम क‌ई देला जेकरे कारण नींद आवेला । एs खातिर देर रात कॉफी पीलें से नींद खराब हो सकेला .

2. शरीर के एगो इंटरनल क्लॉक होला. एकरे हिसाब से शरीर अपनी लय से चलेला . ई अपना समय पs नींद लावेला आ अपने समय पs आंख खोलेला . बाकिर जब आप राती में कॉफी पी लेंनी तs एसे शरीर के सर्काडियन रिद्म बिगड़ जाला. अगर र‌उरा सुतले से 90 मिनट पहिले कॉफी पीअब तs एसे शरीर के रिद्म बिगड़ जाला.

3. कैफीन दिमाग आ नर्व के ढेर सक्रिय क‌ई देला . इहें चीज नर्वस सिस्टम के नियंत्रित करेला अध्ययन में पाइल ग‌इल ह कि देर रात कॉफी पीएले से एंग्जाइटी के समस्या जादा होला . अगर र‌उरा सांझी के कॉफी पिएनी तs एकर असर पूरा रात होला आ एसे र‌उरा के सुबह उठते चिंता आ निराशा के अनुभव होखे लागी. देर रात कॉफी पीए से नाइन टाइम पैनिक अटैक हो सकेला .

राती में कब ले नाहीं पीए के चाहीं कॉफी

राती में कब कॉफी पीअल सुरक्षित हs, एs बात पs निर्भर करेला की आपके शरीर में कॉफी के अंश कब ले रहेला आ कॉफी आपके शरीर में केतना देर में मेटाबोलाइज होला . आ ई कहीं कॉफी आपके शरीर से केतना देर में निकल जाला. क्लीवलैंड क्लिनिक के डाइटीशियम एंथनी डिमेरिनो कहेले कि कॉफी के असर के खत्म होखले में 2 से10 घंटा

ले के समय लाग सकेला बाकीर रउरा कॉफी के केतनो मात्रा लेत बानी, एसे फर्क पड़ेला। एमें आपके जीन के बहुत बड़हन योगदान हs. कुछ लोग के जीन कैफीन के बहुत जल्दी मेटाबोलाइज क‌s देला . कुछ लोगन में बहुत देर से कैफीन पचेला.

 

 

892930cookie-checkलाइफस्टाइल:राती में कॉफी पीयल का स्वास्थ खातीर होला बड़िया? 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.