लाख कोसिस के बादो नाहीं बढ़त बा वजन, तs एs चीजन के डाइट से क‌इले भरे लागीं सूखल शरीर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2024

      मोटापा कम करे के होखे आ बढ़ावे के होखे, दुनों ही मुश्किल काम हs। कुछ लोगन के शरीर अइसन होला कि कुछो खा लेला,जवन तरह जरूरत से ढेर मोटापा बेमारी के वजह

Share

 

 

 

मोटापा कम करे के होखे आ बढ़ावे के होखे, दुनों ही मुश्किल काम हs। कुछ लोगन के शरीर अइसन होला कि कुछो खा लेला,जवन तरह जरूरत से ढेर मोटापा बेमारी के वजह बनेला ठीक ओही तरह पतला शरीर कमजोर आ बेमारी के घर बने लगेला । दुबलापन के वजह से कपड़ा नाहीं खिलेला। अइसे लोगन के संख्या काफी बा जवन अपने दुबला-पतलापन से परेशान रहेला। ई लोग वजन बढ़ावे के खातिर का-का नाहीं करेला। कई बेर सप्लीमेंट्स आ दवा से मोटापा तs बढ़ जाला , बाकिर एसे शरीर में कई तरह के साइड इफेक्ट्स होखे लगेला ।एs खातिर हेल्दी तरीका से वजन बढ़ावल जरूरी होला। डाइट में एs चीजन के शामिल क‌इले से आप स्वस्थ आ मजबूत शरीर पा सकेनी ।

*दूध- वजन बढ़वले खातिर दूध के डाइट के हिस्सा जरूर बनाईं। मोटापा बढ़ोले के खातिर दूध में शहद मिला के पीं। आयुर्वेद में दूध आ शहद के मोटा होखले के दवा मानाल जाला । आप नाश्ता में दूध पी सकेनी आ रात में शहद वाला दूध पी सकेनी तs ।

 

*केला– फलन में केला के मोटापा बढ़ावे वाला मानल जाला । मोटा होखे तs रोजाना 3-4 केला जरूर खाईं। आप नाश्ता में बनाना शेक पी सकेनी । केला के दूध आ दही के साथे ख‌इले से ढेर तेजी से वजन बढ़ेला। एसे शरीर हेल्दी तरीका से मोट होला ।

*ड्राई फ्रूट्स– अइसन ड्राई फ्रूट्स जवन वजन बढ़वले में मदद करेला । एकरी खातिर आप खजूर, अंजीर आ बादाम जरूर खाईं। हेल्दी वेट गेन खातिर एs तीन चीज के दूध में उबाल‌ के पी सकेनी। दूध के साथे 3-4 बादाम, खजूर आ अंजीर ख‌इले से वजन बढ़वले में मदद मिलीं।

*ओट्स आ दलिया– दूध के साथे ओट्स आ दलिया ख‌इले से तेजी से वजन बढ़ेला। एकरे खातिर आप दूध के गाढ़ा क‌s लेंई आ फेर फुल फैट मिल्क कs इस्तेमाल करीं। दूध में बनल ओट्स आ दलिया ख‌इले से शरीर के ताकत मिलेला ।

*किशमिश- रोजाना किशमिश ख‌इले से वजन बढ़ेला। आप 10 ग्राम किशमिश के दूध में भिगो देंईं आ बाद में एs दूध के उबाल के पी लेंई आ किशमिश के खा लेंईं। एs दूध के पीयले से शरीर पुष्ट बनावेला ।

*सोयाबीन– मोटापा बढ़वले में सोयाबीन मदद करेला । हाई प्रोटीन सोयाबीन शरीर के अंदर से मजबूत बनावेला। आप कवनो वक्त सोयाबीन के सब्जी बना के खा सकेला। वजन बढ़ावे खातिर ई हेल्दी विकल्प बा।

*पीनट बटर- जवन लोगन के मोटापा बढ़ावे के के बा उs डाइट में पीनट बटर के इस्तेमाल जरूर करीं। ब्रेड पs पीनट बटर लगा‌ के ख‌इले से शरीर के भरपूर मात्रा में पोषक तत्व मिलेना । आप हेल्दी तरीका से वजन बढ़ा सकेला ।

 

*घी– आजो घी ख‌इले से वजन बढ़ोले के अच्छा ऑप्शन मानल जाला । दादी नानी जब कवनो के दुबला-पतला देखेला तs घी ख‌इले के सलाह देला । घी ख‌इले से हेल्दी तरीका से वजन बढ़ेला ।

 

*सेब आ गाजर- जे लोग मोटा होखल चाहेला उs सेब आ गाजर के डाइट में जरूर शामिल करेक चाहि। एसे हेल्दी वेट गेन क‌इले में मदद मिली। आप लंच के बाद एकर सेवन क‌s सकेनीं।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.