सीवान में डॉक्टरन के खिलाफ लोगन के गुस्सा: अस्पताल छोड़ निजी क्लीनिक में बइठे ला लो डॉक्टर, बोलल लो- हलुक बेमारियो प क देवेला लो रेफर

Anurag Ranjan

सीवान जिला के मैरवा रेफरल अस्पताल में मंगर के साँझ के मरीज के इलाज करावे पहुंचल लोगन के ओह समय आक्रोश भड़क उठल, जब अस्पताल के चिकित्सक हलुक बेमारी होखला के बादो उनका के सदर अस्पताल रेफर क दिहल।

एकरा बाद मरीज के परिजन अस्पताल के चिकित्सकन के कार्यशैली प लापरवाही के गंभीर आरोप लगावत जमके बवाल काटल। आरोप बा कि डॉक्टर ओपीडी से पूरा समय नदारद रहेला लो। मरीज आपन इलाज करावे खातिर घंटन इंतजार कइला के बाद बैरंग वापस लवट जाला लो।


ज्यादा दबाव बनवला प चिकित्सक सीधे सीवान सदर अस्पताल रेफर क देला लो। आरोप बा कि मैरवा नगर पंचायत के वार्ड नंबर 5 निवासी संजय जयसवाल के तबीयत खराब होखला के बाद उनकर परिजन उनका के लेके इलाज खातिर मैरवा रेफरल अस्पताल पहुंचल रहे लो। जहां अस्पताल के ओपीडी में आयुष चिकित्सक विनोद कुमार राय बइठल रहस। जइसही परिजन उनका के लेके ओपीडी पहुंचल एतने में आयुष चिकित्सक बिना देरी कइले उनका के सदर अस्पताल रेफर कs देले।

एकरा बाद मरीज के परिजन में खासा आक्रोश भड़क उठल। ओह लो के आरोप बा कि ओपीडी में प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी डॉ उषा सिंह के ड्यूटी रहे। बाकिर ऊ मौका से नदारद रहली। लोगन के कहनाम बा कि ऊ मैरवा बाजार में आपन एगो निजी क्लीनिक चलावेली। उहां ऊ पूरा दिन मवजूद रहेली। हंगामा के बेरो ऊ ओहिजे रहली।

निजी एंबुलेंस से मरीज के लेके भगले परिजन

वार्ड पांच निवासी संजय जयसवाल के तबीयत खराब होखला पs अस्पताल में एंबुलेंस ना होखला के बाद परिजन निजी एंबुलेंस लेके सीवान सदर अस्पताल पहुंचले। हंगामा के बीच लोग एकर शिकायत सिविल सर्जन से कइलें।

का कहते बाड़ें सिविल सर्जन

एह ममिला में सिविल सर्जन प्रमोद कुमार बतवले कि हंगामा से संबंधित उनका ममिला के जानकारी प्राप्त भइल बा। ऊ अपना स्तर से ममिला के जांच करवइहें। दोषी पावल गइला प कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।