धरती के भगवान आ विश्वास के प्रतीक होला चिकितिस्क : डॉ. अजीत
देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। आरोग्य भारती के तत्वावधान में देवरिया विकास खंड के देवरिया के सिगही ग्राम में सोमार के चिकित्सक दिवस के अवसर पs बोलत आरोग्य भारती के प्रांतीय उपाध्यक्ष डॉ. अजीत नारायण मिश्र कहलें कि चिकित्सक धरती के भगवान होला लो। सब केहू ओह लोगन के ऊपर विश्वास करेला।
कहल गइल बा कि भगवान जिनगी देलें आ चिकित्सक समय-समय पर ओकर रक्षा करेला लो। एहिसे आज के दिन से हमनी के सब चिकित्सक लोगन के विश्वास के कायम रखत निस्वार्थ भाव से चिकित्सा सेवा के बरत लेके लोगन के सेवा करे के चाहीं। संचालन आरोग्य भारती के पंकज कुमार चौबे कइलें।
एह अवसर पs चिकित्सा प्रकोष्ठ के मंडल संयोजक डॉ. उपेंद्र कुमार गिरी, आरोग्य भारती के जिला सचिव डॉ. अमरनाथ पांडे, डॉ. अनिल कुमार मणि, डॉ. जनार्दन, डॉ. रामप्रवेश मणि, डॉ श्वेता, डॉ ममता, अंजलि, अनुराग पांडेय, भाजपा के जिला महामंत्री महिला मोर्चा के सीमा जैसवाल, डॉ बीएल विश्वकर्मा आदि मवजूद रहे लो।







