दीपावली के तोहफा: यूपी के 1.54 करोड़ लोगन के भेजल जाइ ६६० रुपिया, कैबिनेट से जल्दीए पास होइ प्रस्ताव

Share

 

उज्ज्वला योजना के लाभार्थियन के दीपावली के दिने मुफ्त सिलेंडर खातिर जल्दिए कैबिनेट प्रस्ताव ले आवल जाई। ए योजना के तहत राज्य सरकार हर लाभार्थी के खाता में ६६० रुपिया भेज दिही,जबकि केंद्र सरकार से ३०० रुपिया सब्सिडी के रूप में मिलेला।

फिलहाल राज्य में उज्ज्वला योजना के 1.75 करोड़ लाभार्थी बाड़े। एहमें से 1.54 लाभार्थियन के खाता आधार प्रमाणित बा जवना में केंद्र सरकार से मिलल सब्सिडी पहिलहीं से चलत बा। पहिला चरण में योजना के रकम सिर्फ आधार प्रमाणित खाता में भेजल जाई।

जईसे-जईसे बाकी लाभार्थी के बैंक खाता आधार से जुड़ल होई, ओसही ओ लोग के ए योजना के लाभ भी मिली। एक बेर तमाम लाभार्थियन के लाभ मिल गइल तs राज्य के खजाना पs करीब १२०० करोड़ रुपिया के खरचा के बोझ पड़ जाई।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-