[the_ad_group id="30365"]

हथुआ आ देवी स्थान हॉल्ट पs पैसेंजर ट्रेनन के ठहराव: 21 से 23 अक्टूबर तक रुकी ट्रेन, नवरात्रि के लेके विभाग लेलस निर्णय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेल विभाग द्वारा यात्रियन के सहूलियत खातिर लगातार नया- नया प्रयोग कइल जाला। एही क्रम में थावे रूट पs चले वाली सभी पैसेंजर ट्रेन के अस्थाई रूप से ठहराव दिहल गइल बा। शक्तिपीठ थावे के दर्शन खातिर रेलवे विभाग द्वारा ई निर्णय लिहल गइल बा।

थावे के निचिका पड़े वाला हथुआ आ देवी स्थान हॉल्ट पs सब ट्रेनन के ठहराव दिहल गइल बा। ई ठहराव अस्थाई तौर पs दुर्गापूजा पs दर्शनार्थियन खातिर कइल गइल बा। ई जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देले बाड़ें।

सीवान-थावे बड़ी लाइन प्रखंड में थावे–हथुआ स्टेशनन के बीच किमी. 27/2-5 पs थावे से 0.99 किमी. आ हथुआ से 8.67 किमी. के दूरी पs देवी स्थान हॉल्ट स्टेशन पs शारदीय नवरात्र के अवसर पs दिनांक-21.10.2023 से दिनांक-24.10.2023 तक लगे वाला नवरात्र मेला के देखत मेला अवधि में एह प्रखंड पs चले वाला सब अप आ डाउन साइड के गाड़ियन के ठहराव एह शारदीय नवरात्र में दिनांक-21.10.2023 से 23.10.2023 तक खातिर दिहल गइल बा। नवरात्रि के समाप्ति के बाद सब ट्रेन अपना पूर्वत समय से संचालित होखे लागी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]