Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिग्विजय सिंह संघ प्रमुख मोहन भागवत के जतवलें धन्यवाद, रउओ जान लेईं कि काहें?

332

मध्यप्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अउरी कांग्रेस के दिग्गज नेता दिग्विजय सिंह ओइसे त हमेशा राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) अउर भाजपा के खोबसत नजर आवेने, लेकिन जबलपुर में शुक्क के उ अइसन बयान दिहलें कि सभे हैरान रह गइल। उ संघ प्रमुख मोहन भागवत के धन्यवाद कइलें। उहो मीडिया से बातचीत के दौरान। अब उनकर ई वीडियो वायरल हो गइल बा।

दिग्विजय सिंह भारत जोड़ो यात्रा में कांग्रेस नेता राहुल गांधी के संगे पैदल चलत रहलें। केंद्रीय राजनीति में बदलत घटनाक्रम के देखत ऊ बियफे के दिल्ली में रहनें। शुक्क के उनकर नरसिंहपुर के ज्ञोतेश्वर में ब्रह्मलीन शंकराचार्य स्वरूपानंद सरस्वती जी के श्रद्धांजलि सभा में भाग लेहले के कार्यक्रम रहल। एकरे खातिर ऊ शुक्क के जबलपुर में रहलें। एह दौरान उ मीडिया से भी बातचीत कइलें।

दिग्विजय सिंह पत्रकार से कहलें कि “भारत जोड़ो यात्रा के अभिन दू हप्ता भी नाइ भइल अउरी एकर केतना असर संघ प्रमुख मोहन भागवत जी पर भइल बा, ई रउओ देखीं। ऊ मदरसा जाए लगने। उ मस्जिद जाए लगलें। मस्जिद अउर मदरसा जाए खातिर निश्चित तौर पर मोहन भागवत के प्रेरणा भारत जोड़ो यात्रा से मिलल होई। हम उनके प्रति आभार व्यक्त करतनी।”

भागवत के मस्जिद दौड़ बाटे चर्चा में

दरअसल, मोहन भागवत बियफे के अखिल भारतीय इमाम संगठन के प्रमुख इमाम उमर अहमद इलियासी से मुलाकात कइलें। भागवत बियफे के कस्तूरबा गांधी मार्ग पर स्थित मस्जिद में पहुंचलें। ओकरे बाद संघ प्रमुख इमाम उमर इलियासी के पिता जमील इलियासी के मज़ार पर जियारत कइलें। संघ प्रमुख आजाद मार्केट में एगो मदरसा के दौरा कइलें अउर उहां पर बचवन से भी बातचीत कइलें। एह पर मौलवी उमर अहमद इलियासी भागवत के राष्ट्रपिता तक कह दिहलें।

339460cookie-checkदिग्विजय सिंह संघ प्रमुख मोहन भागवत के जतवलें धन्यवाद, रउओ जान लेईं कि काहें?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.