Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Amit Shah In Bihar: गृह मंत्री अमित शाह के दौरा से सीमावर्ती इलाकन में मजबूत होई भाजपा- शाहनवाज हुसैन

430

Amit Shah In Bihar: गृह मंत्री अमित शाह के दौरा से सीमावर्ती इलाकन में मजबूत होई भाजपा- शाहनवाज हुसैन

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह दु दिवसीय दौरा पs बिहार में रहिहें। सुक आ सनीचर के ऊ सीमांचल के दौरा करिहें। जहां पूर्णिया में रैली तs किशनगंज में कइयन गो बैठकन में हिस्सा लिहें। अमित शाह के दौरा से सीमांचल में भाजपा के का फायदा होई, शाहनवाज हुसैन बतवले।

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आज से दु दिन बिहार में रहिहें। लगातार दु दिन तक ऊ सीमांचल के दौरा पs रहिहे। जहां रैली आ बैठकन में हिस्सा लिहे। अमित शाह के एह कार्यक्रमन के लेके भाजपा पूरा तइयारी कs लेले बिया। बिहार के पूर्व उद्योग मंत्री आ पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता सैयद शाहनवाज हुसैन लगातार पिछला कुछ दिनन से तइयारी के लेके सक्रिय रहलें।

सीमावर्ती इलाकन में भाजपा मजबूत होई- शाहनवाज हुसैन

बिहार के पूर्व उद्योग मंत्री आ पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता सैयद शाहनवाज हुसैन कहले कि 23 सितंबर के पूर्णिया के इंदिरा गांधी स्टेडियम में गृह मंत्री अमित शाह के होखे वाला जनभावना रैली ऐतिहासिक होई। गृह मंत्री के आवे से सीमावर्ती इलाकन में भाजपा मजबूत होई। भागलपुर के परिसदन में प्रेस के संबोधित करत राष्ट्रीय प्रवक्ता कहले कि बेतिया से सिलीगुड़ी तक नाया सड़क बनावल जा रहल बा। सिलीगुड़ी से गोरखपुर खातिर नया सड़क के लेके एलाइमेंट हो गइल बा।

शाहनवाज हुसैन कहले कि देश के गृह मंत्री पूर्णिया जिला आ रहल बाड़े। अइसन में बिहार सरकार के उनकर स्वागत करे के चाहीं बाकिर आगमन से जदयू-राजद परेसान हो रहल बा। अइसन काहे। काहे कि गृहमंत्री के आगमन से सीमावर्ती क्षेत्र में पनप रहल आतंकवाद, अलगाववाद आ अपराध पs करारा चोट होई। ऊ कहले कि बिहार में अपराध के ग्राफ तेजी से बढ़ल बा।  भागलपुर में हत्या के दौर शुरू हो गइल बा। अपराधी गिरफ्त से बाहर बाड़े। जनता डरल- सहमल महसूस करत बिया।

सीमावर्ती इलाकन में भाजपा के मजबूत बनावे के तइयारी

प्रेस वार्ता के संबोधित करत पूर्व विधायक सह प्रदेश प्रवक्ता प्रेम रंजन पटेल कहले कि गृह मंत्री अमित शाह ले पूर्णिया के जनभावना रैली ऐतिहासिक होई। बिहार में महागंठबंधन के सरकार बनला के बाद पार्टी के कवनो बड़ नेता के ई पहिला रैली हs। सीमावर्ती इलाकन में भाजपा कमजोर हो रहल बिया। बाकिर किशनगंज में सैयद शाहनवाज हुसैन जीत दर्ज कइले रहस। पार्टी कटिहार, पूर्णिया आ अररिया में जीतत रहल बिया। गृह मंत्री के अइला से सीमावर्ती इलाकन में पार्टी आउर मजबूत होई।

साभार: प्रभात खबर

339210cookie-checkAmit Shah In Bihar: गृह मंत्री अमित शाह के दौरा से सीमावर्ती इलाकन में मजबूत होई भाजपा- शाहनवाज हुसैन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.