नई दिल्ली। मोस्ट एंटीसिपेटेड फिलिम धुरंधर द रिवेंज (Dhurandhar The Revenge) सिनेमाघर में रिलीज हो गइल बा। धुरंधर के सफलता के बादे से धुरंधर 2 के बेसब्री से इंतजार होत रहे। अब 18 मार्च के पेड प्रिव्यू के संगे फिलिम बड़हन परदा पs आइल।
धुरंधर द रिवेंज एगो स्पाई थ्रिलर ड्रामा हs जेकर कहानी पहिला फिलिम के संगे आगे बढ़त बा। रहमान डकैत (अक्षय खन्ना) के मौत के बाद लियारी के किंग हमजा (रणवीर सिंह) बन जाला। फिलिम के कहानी फ्लैशबैक में जाला जहवां हमजा उर्फ जसकीरत सिंह रांगी के दरद भरल कहानी पता चलेला। ऊ कइसे जसकीरत से हमजा बनल… ओह जर्नी के देखावल गइल बा।
धुरंधर 2 में देखावल गइल ई मुद्दा
फेर कहानी बलूच नेता लोगन के भागीदारी, ईशनिंदा, नकली नोटन के कारोबार, भारत में नोटबंदी, भारत के तबाह कइला के साजिश, पाकिस्तानियन के संगे देवे वाला स्थानीय राजनेता, उरी हमला, बाबरी मस्जिद विध्वंस जइसन मुद्दा के उकेरेला। एक्शन सीक्वेंस पहिले से ढेर खतरनाक दिखाई दे रहल बा।
3 घंटा 4 मिनट के फिलिम में रणवीर सिंह के धांसू एक्शन आ लियारी में ओकर हुकूमत देखावल गइल। बाकिर आदित्य धर के फिलिम में कुछ चूक भइल जवन सायद रउओ के खटके। एह बात में कवनो शक नइखे कि आदित्य धर के फिलिम के कहानी, किरदार आ एक्शन काबिल-ए-तारीफ बा, बाकिर कइयन बेर कुछ न कुछ चूक हो जाला। सायद धुरंधरो में अइसने बा।
धुरंधर 2 में आदित्य से कवन चूक भइल?
दरअसल, धुरंधर 2 में सबसे बड़ गलती रहल हs कि एकर टाइमलाइन जोन तनि सा खटकत बा। धुरंधर 2 में कइयन गो मुद्दन के देखावल गइ बा जवना में बलूच नेतन के भागीदारी से लेके 2016 में भइल नोटबंदी सामिल बा। बाकिर टाइमलाइन बहुते तेजी से भागेला। 4 घंटा के फिलिम में एतना मुद्दा बा जवना के पेश करे के चक्कर में घटना के तेजी से आगे बढ़ावल गइल बा जवना के प्रभाव ओतना उभर के ना पावेला।
धुरंधर द रिवेंज में एगो आउर चूक बा। जब हमजा अपना दोस्त से कहेला कि ओकरा इहां अइला से 2 साल हो गइल। बाकिर दिक्कत ई बा कि ओह वक्त तक हमजा के यलीना (सारा अर्जुन) से सादियो हो गइल आ ओकर लइको हो गइल जवन 3-4 साल के लागेल। ओहिजा, आर माधवन आ रणवीर सिंह के मुलाकात के करीब 16 साल हो गइल।








