Dhanteras 2024: धनतेरस पऽ भूलाइयो के ना खरीदी इ पांच गो चीज

Share

हिन्दू धर्म में दिवाली के प्रकाश, ज्ञान आ भलाई के जीत के प्रतीक मानल जाला। आज के दिन के रोशनी हमनी सब के जिनगी से अन्हार दूर कर देला।  भारत समेत दोसरा देशन में दिवाली के परब धूमधाम से मनावल जाला जवना के शुरुआत धनतेरस से होला। पंचांग के अनुसार धनतेरस के परब कार्तिक महीना के कृष्ण पक्ष के त्रयोदशी तिथि के मनावल जाला। आज के दिन धन्वंतरी भगवान के पूजा के संगे-संगे देवी लक्ष्मी अउरी कुबेर महाराज के पूजा करे के चाही। एह से धन बढ़ेला।

एह साल धनतेरस के परब 29 अक्टूबर 2024 के मनावल जाई। एह दिन सोना, चांदी आ झाड़ू खरीदल बहुत शुभ होला। एकरा चलते साल भर घर में आशीर्वाद बनल रहेला। बाकिर एह दिन कुछ चीज खरीदे से परहेज करे के चाहीं। एकरा से आर्थिक समस्या हो सकता। अइसना में धनतेरस पऽ कवन चीज ना खरीदे के चाहीं।

लोहा ना खरीदे के चाहीं

धार्मिक मान्यता के अनुसार धनतेरस के दिन लोहा भा लोहा से बनल सामान ना खरीदे के चाहीं। अइसन कइल अशुभ हो सकऽता। ज्योतिष के अनुसार धनतेरस के दिन लोहा के वस्तु घर में ले आवे से आर्थिक समस्या हो सकेला।

एल्युमिनियम आ स्टील

धनतेरस पर एल्युमिनियम के सामान ना खरीदे के चाहीं। एकरा चलते गरीबी घर में निवास करेला। एह दौरान स्टील के सामान ना लेवे के चाहीं। मानल जाता कि एकरा चलते घर में नकारात्मकता के निवास होखेला।

माटी के बर्तन

मान्यता के मुताबिक धनतेरस के दिन माटी से बनल बर्तन ना खरीदे के चाहीं। एकरा से परिवार के सुख-शांतियो कम हो जाला।

कांच के बर्तन

आमतौर पऽ धनतेरस के दिन घर के सजावट आ रसोई के सामान खरीदल जाला। एह दौरान कुछ लोग कांच के बर्तन घरे ले आवेला, जवन उचित नइखे। मान्यता के मुताबिक धनतेरस के दिन कांच खरीदे से परहेज करे के चाही। एकरा से बरकत पऽ असर पड़ सकता।

करिया कपड़ा

एह दौरान कपड़ा खरीदल बहुत शुभ होला। बाकिर करिया रंग के कपड़ा मत खरीदीं। एकरा से घर के सुख अउरी समृद्धि पऽ असर पड़ सकऽता। रउरा दोसरा रंग के कपड़ा खरीद सकेनी।

अस्वीकरण : ई लेख लोक मान्यता पऽ आधारित बा। इहाँ दिहल जानकारी आ तथ्य के सटीकता आ पूर्णता खातिर खबर भोजपुरी जिम्मेदार नइखे।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-