यूपी के जौनपुर में अलग-अलग सड़क हादसा में महाकुंभ से लौट रहल 8 श्रद्धालुअन के मउत, 40 लोग घायल

Minee Upadhyay
यूपी के जौनपुर में अलग-अलग सड़क हादसा

उत्तर प्रदेश के जौनपुर में सबेरे एगो दुखद हादसा हो गईल। दू गो अलग अलग दुर्घटना में 8 लोग के मउत हो गइल. महाकुंभ जाए वाली डबल डेकर बस के सबेरे 5 बजे दुर्घटना हो गईल। घटना में करीब 40 लोग घायल होखे के बात कहल जाता। एगो टाटा सूमो के भी उहाँ दुर्घटना हो गईल। बदलापुर थाना क्षेत्र के सरोखनपुर में भईल एs दुर्घटना में बस पीछे से चावल से भरल ट्रक से टकरा गईल।

जौनपुर में भयावह घटना

इहाँ एगो डबल डेकर बस आ महाकुंभ में नहाए जाए वाला भक्तन से भरल सूमो के दुर्घटना हो गइल. एह दुनो अलग-अलग दुर्घटना के बीच मात्र कुछ घंटा के अंतर रहे। दुर्घटना में 8 लोग के मउत के खबर सोझा आईल बा। करीब 40 लोग घायल बाड़े, जवना में से बहुत लोग के हालत गंभीर बतावल जाता। एs सड़क दुर्घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के शव के जब्त कs पोस्टमार्टम खातीर भर्ती करवलस। पुलिस घाही लोग के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करवले बिया।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

राजमार्ग पs दुगो बड़ दुर्घटना भईल


मौका पs मौजूद पुलिस अधिकारी बतवले कि जौनपुर के एगो गांव के नजदीक झारखंड से एगो सूमो कार में सवार एगो परिवार महाकुंभ स्नान खातीर जात रहले, तबे ओकरा के कवनो अनजान गाड़ी से टक्कर मार दिहलस, जवना के चलते दुर्घटना हो गईल। पुलिस अधिकारी बतवले कि सुमो कार दुर्घटना में 5 लोग के मौका पs मौत हो गईल। एह हादसा के कुछ घंटा बाद भक्तन से भरल एगो डबल डेकर बस आ पीछे से सड़क पs खड़ा चावल से भरल ट्रक से टकरा गइल. ई बस दिल्ली से प्रयागराज जात रहे महाकुंभ स्नान खातिर। बस दुर्घटना में 3 लोग के मौत हो गईल बा। एह दुनो दुर्घटना में कुल 8 लोग के मौत के खबर बा। बादसा बदलापुर थाना क्षेत्र के सरोखनपुर में भईल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।