फिरोजाबादः महाकुंभ से लौट रहल श्रद्धांलुअन से भरल कार ट्रक में घुसल, 3 लोगन के मउत, 3 के हालत नाजुक

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2025

यूपी के फिरोजाबाद जिला में लखनऊ एक्सप्रेस के खंभा नंबर 52/600 के लगे एगो तेज रफ्तार कार ट्रक से टकरा गइल. एs दुर्घटना में तीन लोग के मउत हो गईल जबकि तीन लोग गंभीर रूप

Share

रोड एक्सीडेंट

यूपी के फिरोजाबाद जिला में लखनऊ एक्सप्रेस के खंभा नंबर 52/600 के लगे एगो तेज रफ्तार कार ट्रक से टकरा गइल. एs दुर्घटना में तीन लोग के मउत हो गईल जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। कार सवार महाकुंभ प्रयागराज से नहा के वापस आवत रहले। दुर्घटना के कारण झपकी बतावल जाता।

बुध के सबेरे भइल हादसा

जानकारी के मुताबिक बुध के सबेरे करीब चार बजे आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस पs एगो बड़ दुर्घटना भईल। प्रयागराज महाकुंभ से लवटत तीर्थयात्रियन के तेज रफ्तार कार ट्रक से टकरा गइल. दुर्घटना में कार में सफर करत 35 साल के कुणाल, 20 साल के प्रेमलता अवुरी 45 साल के रंजीत के मउत हो गईल जबकि कार चालक समेत तीन महिला गंभीर रूप से घाही हो गईली।

कार सवार प्रयागराज से दिल्ली आवत रहले

सपा ग्रामीण अखिलेश भदौरिया बतवले कि दुर्घटना के सूचना पs पुलिस मौका पs पहुंचल। सभे घाही के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। घाही के इलाज जारी बा। दुर्घटना में मरेवाला लोग नवादा जहांगीरपुरी के निवासी बतावल जाता। कार सवार मूल रूप से बिहार के रहे वाला हवे। हाल ही में ई लोग दिल्ली में रहत रहे। नहाए के बाद, कुंभ से वापस दिल्ली जात रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.